Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पौधरोपण अभियान में नेहरू युवा केन्द्र देवरिया निभा रहल बा महत्त्वपूर्ण भूमिका- डॉ0 अजीत नारायण मिश्र

रोपल गइल पवधन के संरक्षण के जिम्मेदारियो नवहन के निभावे के बा-मुख्य विकास अधिकारी

438

अखिलेश कुमार सिंह: नेहरू युवा केन्द्र, आरोग्य भारती आ वीणा हैंडीक्राफ्ट डेवलपमेंट संस्था के संयुक्त तत्वाधान में उपायुक्त स्वरोजगार कार्यालय परिसर में वृहद वृक्षारोपण कार्यक्रम के आयोजन किया गया। उक्त अवसर पs महिलन के स्वावलंबी बनावे के दिशा में उत्कृष्ट काम करे वाला महिला लोगन के मुख्य विकास अधिकारी रविंद्र कुमार सम्मानित कइलेें।

वीणा हैंडीक्राफ्ट डेवलपमेंट संस्था के प्रदेश अध्यक्ष विभा पांडेय कार्यक्रम में सहभागी महिला लोगन के प्रति धन्यवाद ज्ञापित कइली। आरोग्य भारती के प्रांतीय उपाध्यक्ष डॉ0 अजीत नारायण मिश्र कहलें कि कोविड महामारी के दौरान ऑक्सीजन सिलेंडर के किल्लत के हमनी सभे देखले बानी सs। पेड़ पवधा ऑक्सीजन के प्राकृतिक सिलेंडर हs।वातावरण के बढ़त तापमान भविष्य में अनेक संकटन के आमंत्रित कs रहल बा। जदि समय रहते हमनी के सचेत ना भइनी सs तs एकर भयंकर दुष्परिणाम समूचा मानव जाति के भुगते के पड़ी।

जिला युवा अधिकारी विकास तिवारी कहलें कि उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा वर्तमान वित्तीय वर्ष में आज 22 जुलाई आ 15 अगस्त के समूचा प्रदेश में कुल 35 करोड़ पवधन के लगावे के लक्ष्य निर्धारित कइल गइल। एह अभियान के सफलता हमरा-रउआ से बा। पवधन के संरक्षण के उत्तरदायित्व हमनी सभे के लेवे के होई तबे ई अभियान आपन लक्ष्य के हासिल कs पाई। एही कड़ी में नेहरू युवा केन्द्र द्वारा आवे वाला 09 अगस्त के जनपद के सब गांवन में 75 पवधन के रोप के एगो अमृत वाटिका बनावे के लक्ष्य रखल गइल बा। एह वाटिका के संरक्षित करे के काम ओहि गांव में गठित युवा मंडल के सदस्यन द्वारा कइल जाई।

एह अवसर पs हैंडीक्राफ्ट डेवलपमेंट संस्था के पदाधिकारियन सहित उपायुक्त उद्योग, नेहरू युवा केन्द्र के राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवक राहुल मल्ल, यूथ अध्यक्ष शिवम् पाण्डेय, अमरेन्द्र यादव, शुभम त्रिपाठी, देवव्रत पाण्डेय आ कंचन यादव आदि उपस्थित रहल लो।

605740cookie-checkपौधरोपण अभियान में नेहरू युवा केन्द्र देवरिया निभा रहल बा महत्त्वपूर्ण भूमिका- डॉ0 अजीत नारायण मिश्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.