सलेमपुर: महिला सशक्तिकरण कार्यक्रम के भइल आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 30, 2024

सलेमपुर। तहसील इस्थित श्री राजधारी इंटरमीडिएट कालेज चकरा में जिला युवा कल्याण अधिकारी पुनीत कुमार के निरदेस पs युवक मंगल दल अध्यक्ष राहुल मल्ल ने नारी सशक्तीकरण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एहमें भाषण प्रतियोगिता

Share

Women Empowerment salempur

सलेमपुर। तहसील इस्थित श्री राजधारी इंटरमीडिएट कालेज चकरा में जिला युवा कल्याण अधिकारी पुनीत कुमार के निरदेस पs युवक मंगल दल अध्यक्ष राहुल मल्ल ने नारी सशक्तीकरण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एहमें भाषण प्रतियोगिता के आयोजन भइल। एमे अर्पिता पहिला ,अमूल्य दूसरा आ रंजना यादव तीसरका स्थान पर रहली।

मुख्य अतिथि शिव अवतार यादव आ विशिष्ट अतिथि राधाकृष्ण तीनो विजेता सम्मानित कइल लो। राधाकृष्ण छात्रा के संबोधित करत कहलें कि नारी सशक्त होई तs देस सशक्त होई। महिला लोगन के आर्थिक सशक्तिकरण विकास के गति देला। महिला लोगन के आहार के संगे खेलकूद में भाग लेहल अनिवार्य होखे के चाहीं।

ब्लॉक संयोजन राहुल मल्ल कहलें कि हमनी के उद्देश्य क्षेत्र के हर महिला के सशक्त आ हर क्षेत्र में छुपल ओकर प्रतिभा के निखारल बा। एह कार्यक्रम के संचालन दीपक कुमार कइलें। एह दौरान सचिव हिमांशु विश्वकर्मा, विनोद कुमार, बीएन यादव, अंकित, दीपक आदि लोग उपस्थित रहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.