Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

AAP मनलस स्वाति मालीवाल के साथे भइल रहे बदसलूकी, केजरीवाल करिहें कड़ा कार्रवाई

43

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के आवास पs आम आदमी पार्टी के राज्यसभा सांसद स्वाति मालीवाल के साथे बदसलूकी के घटना के पार्टी संज्ञान में लेलस।

अरविंद केजरीवाल के आवास पs स्वाति मालीवाल के साथे बदसलूकी के घटना के आम आदमी पार्टी संज्ञान में लेले बा आ कहलस कि एह मामला में उचित कार्रवाई कइल जाई। एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में आम आदमी पार्टी के सांसद संजय सिंह स्वाति मालीवाल के साथे भइल बदसलूकी के घटना के जिक्र करत घरी  एकर निंदा कइले आ कहले कि अरविंद केजरीवाल के संज्ञान में ई बात बा आ उऽ एपर कड़ा कार्रवाई करिहें।

केजरीवाल करिहें सख्त कार्रवाई

संजय सिंह कहले- ‘ काल्ह एगो बेहद निंदनीय घटना घटल। काल्ह भोरे अरविंद केजरीवाल के आवास पs स्वाति मालिवाल मुलाकात करे पहुंचल रही। उऽ ड्राइंग रूम में इंतज़ार करत रहली तबे अरविंद केजरीवाल के पीए विभव कुमार उहाँ अइले आ उऽ स्वाति मालिवाल के साथे बेहद बदतमीज़ी कइले आ अभद्रता कइले। एह पूरा मामला के जानकारी स्वाति मालिवाल पुलिस के देले बाड़ी। अरविंद केजरीवाल  पूरा घटना के संज्ञान में लेले बाड़े आ सख्त कार्रवाई करे के कहले बाड़े। उऽ पार्टी के पुरान आ वरिष्ठ नेता में से एक बाड़ी। हमनी उनका साथे बानी सन।’

केजरीवाल में कार्रवाई करे के हिम्मत नइखे -सिरसा

उहे एह मामला पs बीजेपी नेता मनजिंदर सिंह सिरसा के बयानो सामने आइल बा। सिरसा कहले कि संजय सिंह जी स्वीकार कइले कि अरविंद केजरीवाल के आवास पs स्वाति मालीवाल जी के साथे मारपीट कइल गइल। 30 घंटा बादो वैभव कुमार के खिलाफ कवनो कार्रवाई नइखे कइल गइल काहेकि उऽ अरविंद केजरीवाल के विश्वासपात्र हउवे आ शराब घोटाला के सारा जानकारी उनका लगे बा। इहे कारण बा कि केजरीवाल में कार्रवाई करे के कवनो हिम्मत नइखे।

केजरीवालो दोषी-कपिल मिश्रा 

ओने, बीजेपी नेता कपिल मिश्रा कहले कि आम आदमी पार्टी के ई कहनाम बा कि केजरीवाल एक्शन लीहें ई बाते फ्रॉड बा। उऽ कहले – संजय सिंह मान लेले कि राज्यसभा सांसद स्वाति मालीवाल के सीएम हाउस में पीटल गइल, केजरीवाल 31 घंटा ले एह मामला के दबवले। AAP के ई कहनाम बा कि केजरीवाल एक्शन लीहें, इहो बात फ्रॉड बा। केजरीवाल के हउअन एक्शन लेवे वाला ? एक्शन पुलिस लीहें। कपिल मिश्रा कहले कि केजरीवाल स्वाति के पिटवावे आ अपराध के दबाबे के दोषी बाड़े। 31 घंटा ले पुलिस के ना बतावे के दोषी बाड़न।

826580cookie-checkAAP मनलस स्वाति मालीवाल के साथे भइल रहे बदसलूकी, केजरीवाल करिहें कड़ा कार्रवाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.