Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पुणे में कॉलेज के लगे एक के बाद एक फटल 10 सिलेंडर, धमाका के बाद मचल भगदड़

महाराष्ट्र के पुणे के सिम्बायोसिस कॉलेज के लगे करीब 10 एलपीजी सिलेंडर फट गईल। जानकारी के मुताबिक करीब 100 एलपीजी गैस सिलेंडर के गैरकानूनी तरीका से एगो अंडर इंस्ट्रक्शन साइट प राखल गईल। एकरा में आग लगला के बाद 10 सिलेंडर फट गईल।

774

 

दमकल अधिकारी बतवले कि शहर के विमान नगर इलाका में दुपहरिया 2.45 से 3 बजे के बीच इs घटना भईल। जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के गाड़ी के तुरंत मउका पs भेज दिहल गईल। अधिकारी बतवले कि करीब 100 सिलेंडर टीन के शेड के नीचे खुला जगह पs राखल रहे। एक के बाद एक सिलेंडर में आग लगला के चलते भारी विस्फोट भईल। आग बुझावे खातिर फायर ब्रिगेड के 3 गाड़ी अवुरी पानी के टंकर के मउका पs भेजल गईल बा।

पुणे नगर निगम के मुख्य अग्निशमन अधिकारी देवेन्द्र पोटफोडे बतवले कि दमकल अधिकारी मउका से अवुरी सिलेंडर के हटा देले बाड़े। बाकी सिलेंडर में आग ना लागे एकरा खातिर पानी के छिड़काव कईल गईल बा। उ कहले कि सौभाग्य के बात बा कि ए दुर्घटना में केहु के कवनो नुकसान ना भईल।

 

 

698080cookie-checkपुणे में कॉलेज के लगे एक के बाद एक फटल 10 सिलेंडर, धमाका के बाद मचल भगदड़

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.