सेंट्रल डेस्क। नक्सली संगठन के महासचिव टिप्पिरी तिरुपति उर्फ देवजी के तेलंगाना पुलिस के सामने आत्मसमर्पण कइला के खबर सामने आ रहल बा। सूत्रन के मोताबिक, देवजी अपना साथी सीसीएम संग्राम के संगे पुलिस के सामने हथियार डाल देले बा। हालांकि, अभी तक पुलिस प्रशासन एकर आधिकारिक पुष्टि नइखे कइले।
बतावल जा रहल बा कि कुछ महीना पहिलही देवजी के संगठन के महासचिव बनावल गइल रहे। एकरा से पहिले संगठन के पूर्व महासचिव नम्बाला केशव राव उर्फ बसवराजू पिछिला साल मई में छत्तीसगढ़ में सुरक्षा बलन के कार्रवाई में मारल गइल रहे। जदि देवजी के आत्मसमर्पण के पुष्टि हो जात बा, तs एक साल के भीतर दूसरका बेर संगठन शीर्ष नेतृत्व विहीन हो जाई। सूत्र इहो कहत बा लोग कि देवजी के संगे कइयन गाे सशस्त्र कैडरन के सरेंडर करे के संभावना बा।
एकरा से पहिले 19 नवंबर 2025 के एक करोड़ रुपिया से जादे के इनामी खूंखार नक्सली माडवी हिड़मा के मारल गइला के बाद टॉप लीडर देवजी के ढेर करे के दावा कइल गइल रहे। हालांकि, ओहू समय आधिकारिक पुष्टि ना भइल रहे। छत्तीसगढ़-आंध्रप्रदेश बॉर्डर पs मारेडुमिल्ली के जंगलन में भइल मुठभेड़ में पोलित ब्यूरो मेंबर आ नक्सल महासचिव देवजी सहित कुल सात नक्सलियन के मारल गइला के खबर सामने आइल रहे।
अब ताजा जानकारी के अनुसार, देवजी के तेलंगाना में वरिष्ठ पुलिस अधिकारियन के सामने सरेंडर करे के बात कहल जा रहल बा। हालांकि, अभी तक ई खबर आधिकारिक रूप से कन्फर्म नइखे। बता दीं कि 2025 से अभी तक बीच-बीच में देवजी के सरेंडर करे भा मारल गइला के खबर सामने आवत रहल बा।
Read Also: US-Iran Tension : ईरान से बढ़ल तनाव, अमेरिका पश्चिम एशिया में आपन सैनिकन के ठिकाना बदललस







