लाइफस्टाइल डेस्क। का रउआ जानेनी कि भारत में हर साल लाखन लोग Cancer के कारण आपन जान गंवा देला ? ई एगो गंभीर बीमारी हs आ दुख की बात ई बा कि कइयन बेर एकर वजह हमनी के आपन आदत आ लाइफस्टाइल होला। हाले में सीनियर कैंसर सर्जन डॉक्टर जयेश शर्मा एगो इंस्टाग्राम रील के जरिए बतवलें कि भारत में कैंसर से होखे वाला जादेतर मौतन के पीछे 5 कारण (Causes Of Cancer) जिम्मेदार बा। आई जानल जाव।
तंबाकू (Tobacco)
तंबाकू, चाहे उ सिगरेट के रूप में होखे भा गुटखा आ खैनी के रूप में, कैंसर के सबसे बड़हन दुश्मन हs। फेफड़ा के कैंसर, मुंह के कैंसर, गला के कैंसर – एह सबके सीधा संबंध तंबाकू के सेवन से बा। जदि रउआ तंबाकू के सेवन करेनी, त आजे एकरा के छोड़े के कसम खाईं। ई खाली राउरे ना, राउर परिवारो के जिनगी बचाई।
एचपीवी वायरस (HPV)
ह्यूमन पैपिलोमावायरस (HPV) एगो अइसन वायरस हs जवन सर्वाइकल कैंसर के प्रमुख कारण हs। महिला लोगन में ई कैंसर बहुते आम बा। अच्छा बात ई बा कि एचपीवी इन्फेक्शन से बचाव खातिर वैक्सीन उपलब्ध बा, खास कs के लईकियन खातिर। जागरूकता आ समय पऽ टीकाकरण एह खतरा के कम कs सकेला।
शराब (Alcohol)
शराब के इनटेक खाली लिवरे के नुकसान ना पहुंचावेला, बलुक ई कइयन तरे के कैंसर जइसे लिवर कैंसर, गला के कैंसर, मुंह के कैंसर आ ब्रेस्ट कैंसर के जोखिम बढ़ावेला। जदि रउआ शराब पियेनी, तs आज ई जान लीं कि एकरा से दूरी बना लेले में राउर भलाई छिपल बा।
मोटापा (Obesity)
एहघरी के भागदउड़ भरल जिनगी में मोटापा एगाे बड़ समस्या बन गइल बा। बाकिर का रउआ जानत बानी कि मोटापा खानी दिल के बेमारियन के ना, बलुक कइयन तरे के कैंसर जइसे कोलन कैंसर, ब्रेस्ट कैंसर आ किडनी कैंसर के जोखिम के बढ़ावेला? स्वस्थ वजन बना के रखल कैंसर से बचाव खातिर बहुते जरूरी बा।
खराब खान-पान (Poor Diet)
हमनी के का खानी सs, एकर सीधा असर हमनी के सेहत पे पड़ेला। प्रोसेस्ड फूड, जादे चीनीआ कम फल-सब्जियन वाला डाइट कैंसर के खतरा के बढ़ा सकत बा। एकरा उलथा, फाइबर रिच डाइट, ताजा फल आ सब्जी आउर साबुत अनाज कैंसर से लड़े में मदद करेला। अपना खान-पान में सुधार कs के रउआ खुद के कैंसर से बहुत हद तक बचा सकतद बानी।
Read Also: अमेरिका में भारत के चांदी! सोनम पुलिस गेम्स में जीतली पदक, चीन-कनाडा में जीत चुकल बाड़ी गोल्ड-सिल्वर