साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: समस्तीपुर- लाश देखावे के बदला में अस्पताल कर्मी मंगलस पचास हजार, बाप सुनवले आप बीती।
  2. बिहार: बियाह से पहिले घर में मातम, दूल्हा के गाड़ी 8 बारातियन के रउदलस, बाप समेत दु के मौत।
  3. उत्तर प्रदेश: वाराणसी, मुस्लिम राष्ट्रीय मंच के जिला संजोजक पs कट्टरपंथियन के हमला, ज्ञानवापी प्रकरण में देले रहस बयान।
  4. उत्तर प्रदेश: कानपुर हिंसा के खुली राज, जफर हयात समेत चार अरोपियन के पुलिस के मिलल 72 घण्टा के रिमांड।
  5. झारखंड: पुनीत पोद्दार आ सीए नरेश केजरीवाल के ठिकानन पs IT के रेड।
  6. नूपुर शर्मा के बाद नवीन जिंदल के महाराष्ट्र पुलिस के समन, 15 जून के पेश होइहे।
  7. राष्ट्रपति चुनाव के तारीखन के ऐलान: चुनाव आयोग कहलस- 18 जुलाई के वोटिंग आ 21 जुलाई के नतीजा, समूचा प्रोसेस के वीडियोग्राफी होई।
  8. पाकिस्तान में यूनिसेफ के अफसर से रेप: बॉडीगार्ड देलस घटना के अंजाम, 2 महीना पहिले स्वीडन से आइल रही विक्टिम।
  9. ठाकरे सरकार के झटका: विधायक नवाब मलिक आ अनिल देशमुख के जमानत खारिज, ना कs सकी लो राज्यसभा चुनाव में वोट।
  10. भारत Vs साउथ अफ्रीका: टेम्बा बावुमा टॉस जीतके गेंदबाजी चुनल, उमरान मलिक के प्लेइंग 11 में मवका ना।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-