साँझ के 10 गो बड़ खबर

Anurag Ranjan
  1. बिहार: गया में बियाह से एक दिन पहिले सीआरपीएफ जवान के मौत, करंट लागे से भइल हादसा।
  2. बिहार: बिहार में जातीय जनगणना के समर्थन करी भाजपा, एक जून के सीएम नीतीश बोलवले बाड़े सर्वदलीय बइठक।
  3. उत्तर प्रदेश: हम साइंटिस्ट ना हई, कोरोना वैक्सीन  के बीजेपी के टीका कहला पs अखिलेश यादव सफाई देले।
  4. उत्तर प्रदेश: कांग्रेस छोड़ला पs बोलले कपिल सिब्बल, जी-23 के चैप्टर भइल खतम, पार्टी छोड़ला से पहिले कइले रहस सोनिया गांधी से मुलाकात।
  5. झारखंड: सलाखन के पीछे कटी आईएएस पूजा सिंघल के रात, 14 दिन के पूछताछ के बाद कोर्ट भेजलस जेल।
  6. यासीन मलिक के उम्रकैद: टेरर फंडिंग के दु ममिलन में यासीन के उम्रकैद; 4 में दस-दस साल के कैद। 10 लाख के जुर्माना।
  7. श्रीलंका संकट: देश के आर्थिक हालात सुधारे ला PM रानिल विक्रमसिंघे वित्त मंत्रालय अपना हाथ में लेले, राष्ट्रपति दियवले शपथ।
  8. ज्ञानवापी मस्जिद केस: फ़ास्ट ट्रैक कोर्ट में ट्रांसफर, 30 मई के होई अगिला सुनवाई।
  9. सेंसेक्स: बाजार में गिरावट के दौर जारी, आजुओ सेंसेक्स 300 अंक नीचे आइल।
  10. आईपीएल: पहिला एलिमेनेटर में आज लखनऊ आ बेंगलुरू में मैच। जे हारी ऊ हो जाई बाहर।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।