Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

210
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: पीयू में दीक्षांत समारोह 21 मई के, टॉपर सूची में 37 में 34 लड़की, साइंस में जादे छात्रा अव्वल।
  2. बिहार: प्रशांत किशोर पs बॉलीवुड एक्टर के तंज़, ‘बिहार में नीतीश आ लालू जइसन धुरंधर के आगा कुछ नइखे हो सकत’
  3. उत्तर प्रदेश: मस्जिद में लाउडस्पीकर लगावल मौलिक अधिकार ना, इलाहाबाद हाईकोर्ट के अहम टिप्पणी।
  4. उत्तर प्रदेश: मुरादाबाद में दर्दनाक हादसा- बारातियन के कार अनियंत्रित होके बिजली के खंभा आ गाछ से टकराइल, छह के मौत, पाँच घायल।
  5. झारखंड: लीज आवंटन ममिला में सीएम हेमंत सोरेन के खिलाफ सुनवाई टलल, अब अगिला हफ्ता हो सकत बा सुनवाई।
  6. कोलकाता में बीजेपी कार्यकर्ता के हत्या के आरोप, अमित शाह कइले परिजन से मुलाक़ात।
  7. जोधपुर: कर्फ़्यू में आंशिक राहत। लोग कइलस जम के खरीददारी।
  8. शेयर बाजार में बड़ गिरावट, सेन्सेक्स करीब 900 अंक गिरल।
  9. पंजाब पुलिस पs दिल्ली पुलिस के कइलस बग्गा के अपहरण के केस, बग्गा के दिल्ली पुलिस दिल्ली ले के आइल।
  10. आईपीएल में आज मुंबई आ गुजरात के मैच।
249100cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.