सांझ के 10 बड़ खबर
- बिहार: मुज्जफरपुर में मां के बचावे में जिंदा जरल 4 बेटी लोग; सुतल घरी घर में लागल आग, CO के गोड़ धs के मां बोलली- बच्चियन के लवटा दी…
- बिहार: बिहार में 1.78 लाख शिक्षकन के भर्ती… कैबिनेट के मुहर; प्राइमरी से इंटर तक के टीचर्स के आई वैंकसी, 2 हजार लेखपाल के होई नियुक्ति। पंचायती राज विभागो में भर्ती।
- उत्तर प्रदेश: पहिला चरण के चुनाव प्रचार थमल, चार मई के मतदान, निगमन में EVM आ पंचायतन में बैलेट से वोटिंग।
- उत्तर प्रदेश: अतीक के बहिन आयशा नूरी के सरेंडर अर्जी पs सुनवाई टलल, आठ मई के मिलल अगिला तारीख।
- झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन से मिलले जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष ललन सिंह; केंद्र में विपक्षी पार्टियन के एकता के बल देवे के कोसिस, संगही राज्य में राजदो के बा उम्मेद।
- उत्तर भारत में अगिला दु दिन बरखा के ऑरेंज अलर्ट: हिमाचल आ उत्तराखंड में जारी रही बर्फबारी, 10 डिग्री तक कम होई तापमान।
- कर्नाटक घोषणा पत्र में कांग्रेस के ऐलान- बजरंग दल के PFI जइसन बैन करेम सs: प्रधानमंत्री मोदी बोललें- पहिले श्रीराम के ताला में बंद कइल लो, अब बजरंगबली के बारी बा।
- शराब नीति केस, चार्जशीट में राघव चड्ढा के नाम सामिल: बैठक में मवजूदगी के जिकिर; संजय सिंह 82 लाख चंदा लेलें। राघव चड्ढा कहलें- अइसन कवनो बैठक में मवजूद ना रहनी।
- पाकिस्तान में कपूर हवेली पs मालिकाना हक वाली याचिका खारिज: वकील के दावा- राज कपूर इहवां रहस एकर कवनो सबूत नइखे। राज कपूर के एह हवेली के 2016 में खैबूर पख्तूनख्वा के सरकार राष्ट्रीय धरोहर घोषित कइले रहे।
- टेस्ट रैंकिंग में टीम इंडिया बनल नंबर-1: दुसरका स्थान पs फिसलल ऑस्ट्रेलियाई टीम, WTC फाइनल से पहिले भारत के तीन बड़ खिलाड़ी केएल राहुल, शार्दुल ठाकुर आ जयदेव उनादकट चोटिल।
Comments are closed.