Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

705
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: मोतिहारी में जहरीली शराब से 16 लोगन के मौत; बिना पोस्टमार्टम के 7 शवन के अंतिम संस्कार, प्रशासन बोलल- डायरिया-फूड प्वाइजनिंग से गइल जान। सुक के सांझ से सुरू भइल मौतन के सिलसला।
  2. बिहार: सीएम नीतीश कुमार करववलें आपन जातीय गणना… 17 सवालन के देलें जवाब; पीएम वाला नारा पs हाथ जोड़के कहलें- ई नारा मत लगाई। कहलें- जातीय गणना के फाइनल डाटा विधानसभा में रखल जाई।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी निकाय चुनाव में रालोद के 130 सीटन पs दावा; इंदौर में अखिलेश-जयंत के बीच सीक्रेट मीटिंग, मेरठ मेयर समेत 2 टिकट, बाकी नगर पालिका- पंचायत के लिस्ट जारी।
  4. उत्तर प्रदेश: साहजहांपुर में पुल से नीचे गिरल ट्रैक्टर ट्रॉली, 11 श्रद्धालुअन के मौत, 30 घायल, सीएम योगी जतवलें दुख। बढ़ सकत बा मौतन के आंकड़ा।
  5. झारखंड: बोकारो में भगवान शिव आ हनुमान के प्रतिमा तुड़ल गइल; टेक्निकल आ डॉग स्क्वायड के संगे पुलिस के बड़ टीम कर रहल बिया आरोपी के तलाश, हालात पs बा कड़ा नजर।
  6. कोरोना के एक्टिव केस 50,000 के पार: 24 घंटा में 10,753 नया ममिला आइल, 27 मौत; अप्रिल में अब तक 89 हजार संक्रमित।
  7. अमित शाह बोललें- पायलट के नंबर कबो ना आई: कहलें- भले ऊ फील्ड में जादे सक्रिय बाकिर कांग्रेस के खजाना में गहलोत के अहम भागीदारी। शाह बोललें- गहलोत के 3 डी सरकार- दंगा, दलितन पs अत्याचार आ महिला लोगन से दुर्व्यवहार।
  8. सीबीआई रेड में TMC विधायक जीबन कृष्णा साहा तालाब में फेंकलें फोन: वॉशरूम के बहाना कs के बाहर भागल रहस, अब पंप लगाके तालाब खाली करवा रहल बिया एजेंसी।
  9. सूडान में सेना से भिड़ल बागी पैरामिलिट्री फोर्स: राष्ट्रपति भवन पs कब्जा के दावा, भारत अपना नागरिकन से घर में रहे के कहलस। आर्मी आ RSF के बीच निर्तेत्व के लड़ाई।
  10. दिवाली के बेरा WPL खातिर विंडो के तलाश सुरू: BCCI सचिव जय शाह बोललें- वूमेंस प्रीमियर लीग के अगिला एडिशन होम अवे प्रारूप में। WPL के पहिला संस्करण में मुंबई इंडियंस बनल रहे चैंपियन।
518500cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.