Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आज दिन आ रात बराबर होई, जानीं एकरा पीछे के राज

27
Google Ads 300*250 for posts

एतवार के भारत सहित विश्व के कई हिस्सन में दिन आ रात बराबर होई, काहेकि सूर्य भूमध्य रेखा के पार करी। 22 सितंबर, 2024 को ठीक सांझि खा 6:13 बजे, सितंबर विषुव (Equinox) घटित होई, जवन एगो महत्वपूर्ण खगोलीय घटना होई। विषुव एगो वार्षिक घटना हऽ जवन बरिस में दु बार, मार्च आ सितम्बर में होला, जब सूर्य के किरण भूमध्य रेखा पs सीधी पड़ेला। दरअसल, पृथ्वी सूर्य के चक्कर लगा रहल बिया आ सूर्य ब्रह्मांड में ब्लैक होल के चक्कर लगा रहल बा। 27 हजार वर्ष में इ चक्कर पूर्ण होला। एही बीच एक दिन आगे-पीछे हो जाला। अइसन मानल जाता कि इ कबो – कबो अयनांश के गणना के कारण होला। एही वजह से दिन- रात के बराबरी के अवधि कबो 22 तऽ कबो 23 सितंबर के होला।

964730cookie-checkआज दिन आ रात बराबर होई, जानीं एकरा पीछे के राज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.