आंध्र प्रदेश के तिरुपति में भईल भगदड़ में 6 श्रद्धालु के जान चल गईल जबकि 40 लोग घायल हो गईले। जब भगदड़ मचल तs तिरुपति के विष्णु निवासम के लगे करीब चार हजार लोग के भीड़ टोकन खातीर जुटल रहे। टोकन वितरण के दौरान दुर्घटना भईल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी आंध्र प्रदेश के सीएम चंद्रबाबू नायडू एs घटना पs दुख जतवले बाड़े।
टिकट लेबे खातिर भारी भीड़ जमा भइल रहे
जानकारी के मुताबिक तिरुमाला के भगवान वेंकटेश्वर स्वामी मंदिर में भगदड़ में 6 श्रद्धालु के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घायल हो गईले। भगदड़ तब भइल जब सैकड़न लोग वैकुण्ठ द्वार दर्शनम के टिकट खातिर धक्का-मुक्की करत रहुवे. 10 जनवरी से शुरू होखे वाला 10 दिन के वैकुण्ठ द्वार दर्शन में देश भर से सैकड़ों भक्त इहाँ आईल बाड़े। पुलिस कुछ महिला भक्त के सीपीआर देके घायल लोग के एम्बुलेंस में ले गइले .
पीएम मोदी अवुरी सीएम नायडू एs हादसा पs दुख जतवले
Pained by the stampede in Tirupati, Andhra Pradesh. My thoughts are with those who have lost their near and dear ones. I pray that the injured recover soon. The AP Government is providing all possible assistance to those affected: PM @narendramodi
— PMO India (@PMOIndia) January 8, 2025
तिरुपति में भगदड़ के घटना में 4 श्रद्धालु के मौत पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू गहरा दुख जतवले बाड़े। उs अधिकारी से घटना के जाँच कs के घायल लोग के बेहतर इलाज करावे के कहले बाड़े। बियफ़ें के उs तिरुपति पहुंचिहे अवुरी पीड़ित लोग से भेंट करीहे। बता दीं कि ई हादसा तब भइल जब बैरागी पट्टडा पार्क में भक्तन के कतार में खड़ा होखे दिहल गइल. बता दी कि वैकुण्ठ द्वार दर्शन 10 दिन से खुलल बा। टोकन खातिर हजारों लोग इहाँ जुटे लगले।
తిరుమల శ్రీవారి వైకుంఠ ద్వార దర్శనం టోకెన్ల కోసం తిరుపతిలోని విష్ణు నివాసం దగ్గర జరిగిన తోపులాటలో పలువురు భక్తులు మృతి చెందడం దిగ్భ్రాంతిని కలిగించింది. టోకెన్ల కోసం భక్తులు పెద్ద ఎత్తున తరలివచ్చిన సందర్భంలో చోటుచేసుకున్న ఈ విషాదకర ఘటన నన్ను తీవ్రంగా కలిచివేసింది. మరి కొందరి…
— N Chandrababu Naidu (@ncbn) January 8, 2025
तिरुपति में भगदड़ में भक्तन के मौत पs राज्य के सीएम रहल आ वाईएसआरसीपी के अध्यक्ष वाईएस जगन मोहन रेड्डी भी गहरा दुख जतवले बाड़न। उ घायल श्रद्धालु के जल्दी ठीक होखे के कामना कईले।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बढ़े लागल बा पेट के चर्बी, तs दु महीना ले रोज घरवे में करीं इs 3 गो योगासन