सबेरे-सबेरे: बढ़े लागल बा पेट के चर्बी, तs दु महीना ले रोज घरवे में करीं इs 3 गो योगासन

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 9, 2025

पेट के चर्बी ना खाली आपके स्वास्थ्य खातीर बालुक आपके आत्मविश्वास खातीर भी एगो बड़ चुनौती साबित हो सकता। पेट के चर्बी बढ़ला के चलते बहुत बेमारी के खतरा भी बढ़ सकता। एहसे अगर पेट

Share

पेट के चर्बी कम करे खातीर योगासन

पेट के चर्बी ना खाली आपके स्वास्थ्य खातीर बालुक आपके आत्मविश्वास खातीर भी एगो बड़ चुनौती साबित हो सकता। पेट के चर्बी बढ़ला के चलते बहुत बेमारी के खतरा भी बढ़ सकता। एहसे अगर पेट के चर्बी बढ़ गईल बा तs ओकरा के कम कईल जरूरी बा.योग अयीसने एगो तरीका हs, जवन कि पेट के चर्बी के पिघले में बहुत मददगार साबित हो सकता। एकरा अलावे रोज योग कईला से अवुरी बहुत शारीरिक अवुरी मानसिक फायदा मिल सकता। पेट के चर्बी कम करे खातिर बेली फैट खातिर कुछ योग आसन के बारे में जानी। इs योगासन आप अपना घर में आसानी से कs सकतानी।

पेट के चर्बी कम करे खातीर 3 गो असरदार योगासन

भुजंगासन (Cobra Pose)
भुजंगासन से आपके पेट के मांसपेशी के मजबूत करे में आ आपके रीढ़ के हड्डी के लचीला बनावे में मदद मिलेला।

कइले के तरीका
एह आसन के करे खातिर योग चटाई पर पेट पर लेट जा।
कोहनी के कमर के नजदीक अवुरी हथेली के ऊपर के ओर मुँह क के राखी।अब धीरे-धीरे साँस लेत छाती के ऊपर के ओर उठाईं।एकरा बाद धीरे-धीरे पेट ऊपर उठाईं। 30 सेकंड तक एही स्थिति में रहीं।अब साँस छोड़त धीरे-धीरे आपन माथा जमीन के ओर नीचे करीं।एह प्रक्रिया के 3 से 5 हाली दोहराईं।

नौकासन (Boat Pose)
नौकासन पेट के चर्बी कम करे खातिर सबसे कारगर योगासन में से एगो हs। इs आसन आपके पेट, जांघ अवुरी कूल्हा के मांसपेशी के मजबूत करेला।

कइले के तरीका
पीठ के बल लेट के दुनो गोड़ के जोड़ दीं। एकरा दौरान हाथ के शरीर के नजदीक राखी। गहिरा साँस लीं आ हाथ आ गोड़ दुनु के ओर खींचत गोड़ से छाती के लगे उठाईं. लमहर आ गहिरा साँस ले के मुद्रा बना के राखीं. साँस छोड़त आराम करीं। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: पाचन क्रिया होई दुरुस्त, करीं दूर इs तीन गो yoga

पवनमुक्तासन (Wind-Relieving Pose)
पवनमुक्तासन आपके पेट में गैस के कम करे अवुरी पाचन तंत्र में सुधार करे में मदद करेला।

कइले के तरीका
पवनमुक्तासन करे खातिर सीधा शांत जगह पर लेट जाइ। एकरा बाद साँस लेत घरी गोड़ के 90 डिग्री ले उठा के साँस छोड़ीं, गोड़ मोड़ के घुटना के छाती तक ले आवे के कोशिश करीं। अब अँगुरी से घुटना पकड़ के माथा उठा के घुटना से माथे छूईं। एह मुद्रा में रहत घरी साँस सामान्य राखीं. अब पहिले आपन माथा नीचे ले आईं आ फेर गोड़। ई योग आसन 2 से 3 बार करीं.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.