Time Bomb Case: 10 घंटा, 100 से बेसी सवाल; टाइमर बम बनावे के मास्टरमाइंड इमराना से IB-STF के पूछताछ

Share

Muzaffarnagar Crime News: इमराना के कहले पऽ जावेद बम बनावत रहस। सुक के बम के डिलीवरी करे उनका गाँवे जात जावेद के गिरफ्तार कइल गइल रहें। इमराना मुजफ्फरनगर दंगा आ सीएए के विरोध में भइल बवाल में सौ गो बम लोगन में बटले रहें। इमराना पूछताछो में कुछ ना बतवलस। ओकरा के जेल भेज दिहल गइल बा।

टाइमर बम बनवावे के मास्टरमाइंड इमराना से आइबी, आर्मी इंटेलिजेंस, एसटीएफ आ स्थानीय पुलिस अधिकारी लो तीन चरन में पूछताछ कइलस। इमराना कवनो सवाल के सीधा जवाब नइखे देले।

उऽ जावेद के पुरान परिचित जरूर बतवले बाकिर बम केकरा कहला पऽ बनवावल गइल कहां इस्तमाल होखे के रहे ? एपर पुलिस आ खुफिया एजेंसियन के गुमराह करत रह गइल। पुलिस जावेद, इमराना आ इनका परिवार के सदस्यन के बैंक खाता के जांच कर रहल बिया।

चार टाइमर बोतल के साथे गिरफ्तार कइल गइल रहें जावेद –

एसटीएफ मेरठ यूनिट सुक के दिने चार टाइमर बोतल बम के साथे जावेद के गिरफ्तार कइलस। जावेद बतवलस कि नगर कोतवाली क्षेत्र के प्रेमपुरी मोहल्ला निवासी इमराना के पत्नी आजाद आर्डर देके बम बनववले बाड़ी। जावेद के जेल भेजे के बाद शनिचर के शाम के एसटीएफ आ नगर कोतवाली पुलिस संयुक्त कार्रवाई करत इमराना के ओकरा घर से गिरफ्तार कइलस।

एसटीएफ आ आइबी कइलस पूछताछ 

पहिले एसटीएफ के अधिकारी लो इमराना से पूछताछ कइलस । एकरा बाद एसएसपी सनिचर के देर रात ले इमराना से पूछताछ कइलें आ ऐतवार के सबेरे दिल्ली से आइल आइबी आ आर्मी इंटेलिजेंस के अधिकारी लो नगर कोतवाली में इमराना से पूछताछ कइलस। दस घंटा तले चलल ई पूछताछ के दउरान इमराना पुलिस अधिकारियन से लेके जांच एजेंसियन के उनका सवालन के सटीक जवाब ना देलस। ऐतवार दुपहरिया के बाद इमराना के कोर्ट में पेस कइला के बाद जेल भेज दिहल गइल।

इमराना से पूछताछ में कुछ खास जानकारी नइखे मिलल। अब ओकरा के रिमांड पऽ लेके फेर से पूछताछ कइल जाईं।

– अभिषेक सिंह, एसएसपी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-