29 फरवरी तक होई आर्म्स लाइसेंस के भौतिक सत्यापन : ना करावे पs अवैध होई घोषित, जांच के दौरान BDO भा CO रहिहें मवजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2024

आगामी लोक सभा चुनाव के धेयान में रखत सारण में प्रशासनिक तइयारियन तेज कs दिहल गइल बा। एकरा के लेके अब शस्त्र अनुज्ञप्ति धारियन के भौतिक सत्यापन कइल जाई। 20 फरवरी से लेके 29 फरवरी

Share

आगामी लोक सभा चुनाव के धेयान में रखत सारण में प्रशासनिक तइयारियन तेज कs दिहल गइल बा। एकरा के लेके अब शस्त्र अनुज्ञप्ति धारियन के भौतिक सत्यापन कइल जाई। 20 फरवरी से लेके 29 फरवरी के बीच शस्त्र के भौतिक सत्यापन करावल जाये के बा। सब थाना मे शस्त्र के भौतिक सत्यपान करावल जाई।

जवना खातिर सब थाना में दंडाधिकारी के प्रतिनियुक्ति कइल गइल बा। सब हथियार लाइसेंस धारकन के भौतिक सत्यापन करावल अति आवश्यक बा। भौतिक सत्यापन ना करावल गइला पs हथियार के जब्त करते आगे के कार्रवाई कइल जाई।

डीएम थानाध्यक्षन के सउपलें जिम्मेदारी

जिला अधिकारी अमन समीर के निरदेस पs सब थाना में दंडाधिकारी आ थानाध्यक्ष के जिम्मेदारी सउपल गइल बा।थाना परिसर में हरदिन थाना अध्यक्ष आ प्रतिनियुक्त दंडाधिकारी थाना परिसर मे शस्त्र के भौतिक सत्यापन करी लो। सबेरे के 10:00 बजे से लेले सांझ के चार बजे तक शस्त्र सत्यापन होई।

शस्त्र के सत्यापन के बाद एक मार्च के सब दंडाधिकारी, जिला अधिकारी के सत्यापित शस्त्रन के सूची उपलब्ध कराई लो। संगही सब अनुज्ञप्तिधारी शस्त्रधारियन के निरदेस दिहल गइल बा कि 20 से 29 फरवरी के बीच आपन शस्त्र के भौतिक सत्यापन करा लेवे ना तs शस्त्र अवैध करार दिहल जाई।

थानाध्यक्ष के संगे सीओ आ बीडीओ रही लो मवजूद

एकमा, जनता बाज़ार, बनियापुर, दाउदपुर, मांझी, कोपा, रिवीलगंज, नगरा, मढौरा, इसुआपुर, मशरख,तरैया, मकेर, पानापुर, भेल्दी, अमनौर, गड़खा, डोरीगंज,अवतारनगर, दिघवारा,नयागांव, दरियापुर, परसा, सोनपुर सहित आउर सब थाना में सत्यापित करे के होई। सत्यापन के दौरान थानाध्यक्ष के संगे सीओ आ बीडीओ मवजूद रही लो। समय पs हथियार के सत्यापन ना करावल गइला पs लाइसेंस धारी पs कार्रवाई करत हथियार सील आ लाइसेंस रद्द करे के प्रकिया सुरू कs दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.