कुलगाम में आतंकियन से मुठभेड़ में घायल 3 जवान शहीद, सुक रात से चल रहल बा एनकाउंटर

Share

जम्मू-कश्मीर के कुलगाम जिला के हल्लन मंज़गाम जंगल में सुक के सांझ से सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़ चल रहल बा। एह बीच एनकाउंटर में घायल भइल तीन जवानन के इलाज खातिर श्रीनगर के मिलिट्री हॉस्पिटल में भर्ती कइल गइल रहे, जहां देर रात तीनो के मौत हो गइल।

अधिकारियन के मोताबिक इलाका में 3 आतंकियन के छिपल होखला के खबर के बाद सर्च ऑपरेशन चलावल गइल, जवना के बाद आतंकियन द्वारा गोलीबारी सुरू कs दिहल गइल। एही में तीनो जवान घायल हो गइल लो। हालांकि सर्च ऑपरेशन अभियो जारी बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-