खड्डा क्षेत्र के महदेवा गांव में कटान के खतरा, घर खाली कइले के आइल फरमान

Share

खड्डा क्षेत्र के महदेवा गांव में गंडक नदी से तेजी से कटान हो रहल बा। अइसन हालत में 20 से ज्यादा लोग के घर खाली क के सुरक्षित स्थान पर जाए खातिर प्रशासन कहलें बा। उहवें, नदी के कटान रोकला के बजाय गांव के खाली करवले के फरमान से गाँव वालन में असंतोष पसरल बा। नायब तहसीलदार के नेतृत्व में राजस्व टीम गांव में मौजूद बा। लोग में अफरातफरी के माहौल बनल बा।

गंडक नदी अब महदेवा गांव के एकदम निगचे चहुँप गइल बा। बढ़त खतरा के देखत सोमार के साँझ तहसील प्रशासन लाउडस्पीकर से एलान करवलस कि नदी के कटान स्थल से पचास मीटर के दायरे में जिनकर घर आ रहल बा, ऊ लोग सुरक्षित स्थान पर चल जाएं। एह दायरा में तूफानी, महावीर, बाढू, मुन्ना, कमलेश, जवाहिर, सहबर, किशोर, रामनरेश, महातम, मनोज, सुगंधी, मंजू, हरि सिंह, शंकर, मुबारक, सुन्नर, सुखल आदि के घर आ रहल बा। ई लोग गांव के दूसरे हिस्सा में शरण लेवे खातिर मजबूर बा।

एही बीच प्रशासन बांस के कैरेट अउरी नायलान कैरेट में बोरी भर के अउरी झाड़ी अउरी दूसर तरीका से कटान रोके के प्रयास में जुटल बा। गांव वालन में आक्रोश पनपे लागल बा। लोग के कहनाम बा कि बाढ़ खंड के ओर से सही से बचाव कार्य नाइ कइल जा रहल बा। कटान स्थल पर नायब तहसीलदार खड्डा रवि यादव के नेतृत्व में राजस्व टीम गांव में कैंप कर रहल बा।

एसडीएम भावना सिंह के कहनाम बा कि खतरा के देखत लोग के सुरक्षा के लिहाज से 50 मीटर दायरा के लोग के घर खाली करे के निर्देश दिहल गइल बा। कटान रोके खातिर बाढ़ खंड के युद्ध स्तर पर कार्य करे के कहल गइल बा। हालात के जानकारी उच्चाधिकारियन के दीहल जा रहल बा। राजस्व टीम मौका पर मौजूद रहल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-