हेल्थ डेस्क: देस में कोरोना के ममिला बढ़ते जा रहल बा। बीतल एक हफ्ता में देस में कोरोना के 752 नया ममिला सामने आइल बा। एह दौरान 305 लोग कोरोना संक्रमण के मात देलस। चिंता के बात ई बा कि बीतल सात दिनन में कोरोना से जान गंवावे वालन के आंकड़ा सात दर्ज कइल गइल बा। मरे वाला महाराष्ट्र के चार, केरल के दुगो आ कर्नाटक के एगो शख्स सामिल बा। नया ममिलन के बात करीं तs बीतल एक हफ्ता में (19 मई के बाद) सबसे जादे 335 ममिला केरल, 153 महाराष्ट्र, 99 दिल्ली, 76 गुजरात आ 34 कर्नाटक में आइल बा। स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय के मोताबिक, 26 मई के सबेरे 8:00 बजे देस में कोरोना के सक्रिय ममिलन के संख्या 1009 बा।

कोरोना के सबसे जादे 403 ममिला
कुल केसन के बात करीं तs केरल में कोरोना के सबसे जादे 403 ममिला दर्ज कइल गइल बा। मुंबई में 209 आ दिल्ली में अभी ले 104 ममिला दर्ज कइल गइल बा। एह शहरन के बाद गुजरात के नंबर बा, जहां 83 ममिला दर्ज कइल गइल बा। कर्नाटक में 47, उत्तर प्रदेश में 15 आ पश्चिम बंगाल में 12 ममिला दर्ज कइल गइल बा। केंद्र सरकार के एजेंसी इंडियन SARS-CoV-2 जीनोमिक्स कंसोर्टियम (Insacog) के ताजा आंकड़न के मोताबिक, नया कोरोना संक्रमणन में बढन्ती के बीच दुगो नया वेरिएंट के ममिला सामने आइल बा।
बंगाल में चार आ कोविड संक्रमण, सक्रिय ममिला 11 भइल
पश्चिम बंगाल में चार आ लोगन में कोरोना वायरस के पुष्टि भइल बा। अब इहां सक्रिय ममिलन के संख्या 11 हो गइल बा। स्वास्थ्य विभाग एगो अधिकारी बतवलें कि सांस संबंधी समस्यन वाला मरीजन के सरकारी आ निजी अस्पतालन में इलाज चल रहल बा। एमे से जादेतर ममिला कोलकाता आ ओकरा उपनगरन से सामने आइल बा। 19 मई तक बंगाल में कोरोना के खाली एगो सक्रिय ममिला रहे।
बिहार में मवजूदा लहर के पहिला ममिला सामने आइल
बिहार में सोमार के कोविड-19 के मवजूदा लहर के पहिला ममिला सामने आइल। पटना के 31 साल के एगो व्यक्ति में संक्रमण के पुष्टि भइल। निजी अस्पताल में इलाज करा रहल मरीज के हाले में राज्य से बाहर यात्रा करे के कवनो इतिहास नइखे।