Gorakhpur News: बढ़नी स्टेशन पs ब्लॉक…31 मई से 3 जून तक कइयन गो ट्रेन निरस्त- जानीं कवन-कवन ट्रेन बा सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2025

गोरखपुर : पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन इन्फ्रास्ट्रक्चर विस्तार के तहत बढ़नी स्टेशन पs वाशिंग पिट के कमीशनिंग खातिर नॉन-इंटरलॉकिंग के काम करी। एह कारण ब्लाॅक लिहल गइल बा। 31 मई से 3 जून तक कइयन गो

Share

भारतीय रेलवे: फोटो

गोरखपुर : पूर्वोत्तर रेलवे प्रशासन इन्फ्रास्ट्रक्चर विस्तार के तहत बढ़नी स्टेशन पs वाशिंग पिट के कमीशनिंग खातिर नॉन-इंटरलॉकिंग के काम करी। एह कारण ब्लाॅक लिहल गइल बा। 31 मई से 3 जून तक कइयन गो सवारी आ डेमू ट्रेन निरस्त रही। दुगो विशेष आ दुगो सवारी गाड़ी दु घंटा से 2:15 घंटे के देरी से चलिहें सs। ई जानकारी मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार देले बाड़ें।

विशेष आ सवारी गाड़ियन के बदलल समय

  • 05132 बहराइच-गोरखपुर विशेष गाड़ी 31 मई के बहराइच से 150 मिनट देरी से आ 15131 गोरखपुर-वाराणसी सिटी एक्सप्रेस 31 मई के गोरखपुर से 120 मिनट के देरी से चली।
  • एही तरे 75107 नकहा जंगल-गोंडा डेमू 31 मई के नकहा जंगल से 120 मिनट देरी से आ 55074 बढ़नी-गोरखपुर एक जून के गोरखपुर से 120 मिनट देरी से चली।

दुगो विशेष ट्रेन आज बदलल मार्ग से चली

रेलवे प्रशासन परिचालनिक सुगमता खातिर बैतालपुर-गौरी बाजार खंड के अप लाइन पs इंजीनियरिंग कार्य के कारण आज ब्लॉक लिहल गइल बा। मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार बतवलें कि ब्लॉक के चलते 26 मई के चले वाला दुगो विशेष ट्रेनन के मार्ग में परिवर्तन कइल गइल बा।

गाड़ी संख्या 02569 दरभंगा-नई दिल्ली विशेष गाड़ी परिवर्तित मार्ग सीवान-थावे-कप्तानगंज-गोरखपुर कैंट से चली। गाड़ी संख्या 02563 बरौनी-नई दिल्ली विशेष गाड़ी सीवान-थावे-कप्तानगंज-गोरखपुर कैंट से चली।

Read Also: Bihar: गोपालगंज में ऑर्केस्ट्रा पs सख्त बैन, डांसरन के 24 घंटा में जिला छोड़े के आदेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.