राजस्थान के कईयो रेलवे स्टेशन के बम से उड़ावे के धमकी, पुलिस प्रशासन में मचल हड़कंप

Minee Upadhyay
रेलवे स्टेशन: फोटो

 

राजस्थान के बहुत रेलवे स्टेशन पs बमबारी के धमकी मिलला के बाद पुलिस अवुरी प्रशासन में दहशत मच गईल। रेलवे स्टेशनन पs सुरक्षा अउरी बढ़ा दिहल गइल बा. हनुमानगढ़ जंक्शन के स्टेशन अधीक्षक के एगो चिट्ठी मिलल जवना में रेलवे स्टेशनन के उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा. एह चिट्ठी में रेलवे स्टेशनन पs बमबारी के धमकी दिहल गइल रहे.

अज्ञात शख्स चिट्ठी सौंपलस

असल में आजु एगो अनजान आदमी हनुमागढ़ रेलवे स्टेशन के स्टेशन अधीक्षक के चिट्ठी सौंप के चल गइल. स्टेशन अधीक्षक जब चिट्ठी खोल के पढ़ले तs उs चौंक गईले। ई चिट्ठी जैश ए मोहम्मद आतंकी संगठन के नाम पs रहे आ एहमें राजस्थान के कई गो रेलवे स्टेशनन पs बमबारी करे के धमकी दिहल गइल रहे जवना में हनुमानगढ़ जंक्शन रेलवे स्टेशन शामिल बा.

एह स्टेशनन के उड़ावे के धमकी दिहल गइल

एह चिट्ठी में श्रीगंगानगर, बीकानेर, जोधपुर, कोटा, बूंदी, उदयपुर, जयपुर आदि रेलवे स्टेशनन पs बमबारी के धमकी दिहल गइल रहे। रेलवे स्टेशन पs बमबारी के धमकी मिलला के बाद पुलिस प्रशासन में दहशत मच गईल। एकरा बाद रेलवे स्टेशन के सुरक्षा अउरी मजबूत भईल| जीआरपी अवुरी आरपीएफ पुलिस के संगे बीएसएफ के जवान स्टेशन के तलाशी लेले कवनो संदिग्ध वस्तु ना मिलल।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।