Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नयका रंग मे लुभावे खातिर आइल Motorola के ई स्मार्टफोन, देख के लोग बोलल- उफ्फ! नजर न लगे

2,166

Motorola एही साल सितंबर में Motorola Edge 30 Fusion के ग्लोबल मार्केट में पेश कइले रहे। अब कंपनी शानदार कलर में एह फोन के अमेरिकन मार्केट में पेश कइले बा, जेकर नाम Viva Magenta बा जौन पैनटोन कलर ऑफ द ईयर 2023 हवे। नयका कलर में फोन काफी जबरदस्त लागsता। Pantone पिछले करीब 20 साल से कलर ऑफ द ईयर चुनत आ रहल बा। कलर के च्वाइज वो ग्लोबल ट्रेंड अउर थीम के ध्यान में रखकर करsला। बता देईं, मोटोरोला ग्लोबली Pantone के संगे पार्टनरशिप कइले बा। अइसे में एह कलर में मोटोरोला फोन लॉन्च कइले बा। अमेरिकन एडीशन के फीचर्स इंटरनेशनल वैरिएंट के समान बा।

कीमत

Motorola Edge 30 Fusion (Viva Magenta color variant) के कीमत 799.99 डॉलर (65,095 रुपया) बा। फोन के संगे Moto Buds 600 ANC TWS ईयरबड्सो मिलsता। अगर रउआ बड्स नाइ खरीदल चाहतनीं त फोन के कीमत 699 डॉलर (56,958 रुपया) हो जाई, लेकिन फोन ब्लू वैरिएंट में मिली। फोन खाली एटी एंड टी अउर टी-मोबाइल के संगे काम करी।

Motorola Edge 30 Fusion विशेषता

Motorola Edge 30 Fusion में 6.5-इंच के सेंटर्ड पंच-होल 10-बिट कर्व्ड पोलेड डिस्प्ले मिलsता जेमें 2400 x 1080 पिक्सल फुल HD+ रिजॉल्यूशन मिलsता। फोन में 144HZ के रिफ्रेश रेट अउर 360HZ के टच सैंपलिंग रेट मिलsता। फोन के नीचे के तरफ फिंगरप्रिंट सेंसर अउर 110 निट्स के पीक ब्राइटनेस बा। फोन में क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 888 प्लस चिपसेट मिलsता अउर रेडी फॉर सपोर्ट के संगे Android 12 के बूट करsता।

Motorola Edge 30 Fusion कैमरा अउर बैटरी

Motorola Edge 30 Fusion में OIS सपोर्ट के संगे 50MP के कैमरा, 13MP के अल्ट्रा-वाइड सेंसर अउर 2MP के डेप्थ सेंसर मिलsता। सामने के तरफ 32MP के सेल्फी शूटर मिलsता। फोन में 68W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे 4,400mAh के बैटरी मिलsता। अतिरिक्त फीचर्स में फोन डिवाइस डुअल सिम, 5जी, वाईफाई 6, ब्लूटूथ 5.2, जीएनएसएस, एनएफसी अउर यूएसबी टाइप-सी कनेक्टिविटी (यूएसबी 3.1) के सपोर्ट करsता। फोन में पीछे के तरफ गोरिल्ला ग्लास 5 प्रोटेक्शन सपोर्ट मिलsता। सथही मॉडल में डुअल स्पीकर्स बा जौन डॉल्बी एटमॉस के सपोर्ट करsता। सथही फोन IP52 रेटिंग के संगे आवsता।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.