Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Realme 10 Pro+: कवर्ड डिस्प्ले अउर 108MP कैमरा वाला फोन भइल लांच, मिली कम कीमत में खरीदे के मौका

2,063

स्मार्टफोन ब्रांड रियलमी अपने नंबर सीरीज फोन Realme 10 pro plus के हाले में लॉन्च कइले बा। फोन के आजु पहिला बेर खरीदारी खातिर उपलब्ध कइल गइल बा। एह फोन के शुरुआती कीमत 24,999 रुपया बा। एह कीमत पर 6 जीबी रैम के संगे 128 जीबी स्टोरेज मिलsता। स्पेशल प्राइज के दौर पर फोन के साथ 1 हजार रुपया के कार्ड डिस्काउंटो दिहल जा रहल बा। फोन के कंपनी के आधिकारिक वेबसाइट अउर फ्लिपकार्ट से खरीदल जा सकsता। फोन डार्क मैटर, हाइपर स्पेस अउर नेबुला ब्लू कलर ऑप्शन में मिलsता।

Realme 10 pro plus पs डिस्काउंट अउर ऑफर

रियलमी 10 प्रो प्लस के 6 जीबी रैम के संगे 128 जीबी स्टोरेज वेरियंट के 24,999 रुपया अउर 8 जीबी रैम के संगे 128 जीबी स्टोरेज के 25,999 रुपया के कीमत पर लिस्ट कइल गइल बा। फोन के संगे कार्ड डिस्काउंट के दौर पर 1,000 रुपया के इंस्टेंट डिस्काउंट मिली। उहवें फ्लिपकार्ट एक्सिस बैंक के संगे 5 फीसदी के कैशबैक अउर 17,500 रुपया तक के एक्सचेंज ऑफरो मिल रहल बा। यानी फोन के अच्छा-खासा डिस्काउंट के संगे खरीदल जा सकsता।

Realme 10 pro plus के फीचर अउर कैमरा

रियलमी 10 प्रो प्लस के डिस्प्ले एकर हाईलाइट बा। फोन में 6.7 इंच के फुलएचडी प्लस OLED कर्व्ड डिस्प्ले पैनल मिलsता, जौन 120 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट अउर 800 निट्स के ब्राइटनेस के संगे आवता। डिस्प्ले के संगे 2.3मिमी के बॉटम दिहल गइल बा, जे के ले के कंपनी के दावा बा कि ई कर्व्ड डिस्प्ले वाले स्मार्टफोन में दुनिया के सबसे पातर बेजल वाला डिजाइन बा।

डिस्ले

रियलमी 10 प्रो प्लस के डिस्प्ले के संगे 2160Hz PWM डिमिंग के पहिला बैच ह। डिस्प्ले के संगे बिल्ट-इन आई प्रोटेक्शन अउर इन-डिस्प्ले फिंगरप्रिंट स्कैनरो बा। फोन के संगे मीडियाटेक डाइमेंसिटी 1080 प्रोसेसर अउर माली-जी68 जीपीयू के सपोर्ट ह।

कैमरा

रियलमी 10 प्रो प्लस के संगे ट्रिपल रियर कैमरे सपोर्ट मिलsता। जेमें प्राइमरी लेंस 108 मेगापिक्सल के बा। फोन में सेकेंडरी लेंस 8 मेगापिक्सल के अल्ट्रा वाइड अउर तीसरा लेंस 2 मेगापिक्सल के मोनोक्रोम मिलsता। रियलमी 10 प्रो प्लस में सेल्फी अउर वीडियो कॉल खातिर 16 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा दिहल गइल बा। रियलमी 10 प्रो प्लस में 5000mAh के बैटरी अउर 67W के फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट बा।

410970cookie-checkRealme 10 Pro+: कवर्ड डिस्प्ले अउर 108MP कैमरा वाला फोन भइल लांच, मिली कम कीमत में खरीदे के मौका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.