Twitter: ‘भारत में ट्विटर बंद करे के धमकी मिलल रहे’ जैक डोर्सी के आरोप के केंद्र सरकार बतवलस झूठ

Share

ट्विटर के सह-संस्थापक आ पूर्व सीईओ जैक डार्सी के भारत से ‘दबाव’ वाला दावा पs केंद्रीय मंत्री राजीव चंद्रशेखर पलटवार कइलें बाड़े। ऊ कहलें कि जैक डार्सी झूठ बोल रहल बाड़े। ट्विटर बेर- बेर भारतीय कानून के उल्लंघन कइले बा।

भारतीय कानून के बार-बार उल्लंघन करत रहे ट्विटर

केंद्रीय मंत्री कहलें, “ई जैक डोर्सी द्वारा एगो स्पष्ट झूठ हs – सायद ट्विटर के इतिहास के उ बहुते संदिग्ध अवधि के मिटावे के प्रयास बा। डोरसी आ उनकर टीम के तहत ट्विटर भारतीय कानून के बेर-बेर आ लगातार उल्लंघन करत रहे।”

वास्तव में, ट्विटर 2020 से 2022 तक बेर-बेर कानून के पालन ना करत रहे आ जून 2022 में उ आखिरकार अनुपालन कइलस। केहू जेल ना गइल आ ना ट्विटर ‘शटडाउन’ भइल। डोरसी के ट्विटर शासन के भारतीय कानून के संप्रभुता के स्वीकार करे में समस्या रहे…”

जैक डार्सी का कहलें?

दरअसल, ट्विटर के सह-संस्थापक जैक डार्सी एगो इंटरव्यू के दौरान दावा कइले रहस कि भारत सरकार उनका पs किसान आंदोलन के कवर करे वाला अकाउंट के ब्लाक करे के दबाव बनावत रहे। अइसन अकाउंट, जवन सरकार के विरोध करत रहली सs, ओकनी के बंद करे के कहल गइल रहे। इहे ना, भारत में ट्विटर बंद करे के धमकियो दिहल गइल रहे।

असल में, डार्सी ओह सवाल के जवाब देत रहस, जेमें उनका से पूछल गइल रहे कि का उनका बि देसी सरकारन के दबाव के सामना करे के पड़ल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-