Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

इ ह मात्र 4 लोगन के शहर, सालन से नाहीं आइल केहु झांकी पारे, गली कुचा मे नाही दिखाई देला एको आवारा कुत्ता

301

रउरा अइसन कई गो जगहन के बारे में पढ़ले आ सुनले होखब, जवन पहिले लोग से भरल रहे।  लेकिन समय के संगे अयीसन घटना भईल कि शहर बर्बाद हो गईल।  लोग बड़-बड़ शहर छोड़ के चल गईल, जेकरा बाद उहाँ के भवन अवुरी सब बुनियादी ढांचा बेकार हो गईल।  आजकल ब्रिटेन के अइसने एगो शहर के चर्चा हो रहल बा।  एह शहर के यूके के चेर्नोबिल कहल जाला।  ई शहर बड़हन अपार्टमेंट, शॉपिंग मॉल, आ थिएटर से भरल बा।  बाकिर एह जगहा में एके गो चीज के कमी बा।  ई जनता के ह।  एह जगह पे केहू ना रहेला।

एतना बड़ शहर में मात्र चार लोग रहेला।  हँ, चार लोग के ई शहर तमाम सुविधा से भरल बा।  बाकिर ई जगह खाली हो गइल बा।  एकरा पीछे परमाणु आपदा बा जवन एहिजा कबो हो सकेला.  एह जगह के परमाणु आपदा क्षेत्र कहल जाला।  एक समय में एह शहर में पहिले आबादी रहे।  दूर-दूर से लोग आके इहाँ बसल।  एकरा बाद इहाँ एगो परमाणु संयंत्र बनल जवना से एकर इतिहास बदल गईल।  आज ई शहर सुनसान बा।

ई चारो लोग छोड़ल नइखे चाहत
एह शहर में मात्र चार लोग रहेला।  एह में से एगो क्लूने पार्क हवे जे स्कॉटलैंड से बसल बा।  क्लूने एह शहर में तब आइल रहले जब ई शहर प्रगति करत रहे। 1920 के दशक के दौरान इहाँ बहुत प्रगति भईल।  क्लूने इहाँ के आपन शिपयार्ड में काम करत रहले।  लेकिन एकरा बाद इहाँ परमाणु संयंत्र खुल गईल|  जवना के चलते आज इ भूत-प्रेत के शहर बन गईल बा।  सब लोग उ जगह छोड़ के चल गईले।  बाकिर ई चारो लोग कहत बा कि ई शहर ओह लोग के बहुत कुछ देले बा। एकरा चलते उ एकरा के ना छोड़िहे।

सब भवन खाली बा
मार्शल क्रैग एह शहर में रहे वाला चार लोग में से एक हउवें। बीस साल से एह जगह पे रहत बाड़े।  ई उहो एकरा के छोड़े के तइयार नइखन।  मार्शल के मुताबिक इहाँ करीब 430 फ्लैट बा।  एकरा में खाली इहे चार लोग रहेला।  सरकार अब एह शहर के गिरावे के फैसला कइले बिया।  बाकिर ई चारो लोग के कहल बा कि एहिजा के भवन बहुते मजबूत बा। सरकार चाहत त इहाँ लोग के बसावल जा सकता।  जीवन के तबाह करे से बढ़िया बा कि ओकरा के फेर से बनावल जाव।  अब देखे के बा कि बुलडोजर कब एह शहर पे चलेला।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.