कुकुरन के कुछ नस्ल के बैन करीं एह सरकार, इंसानन पs बढ़त हमला के बाद लिहल गइल फैसला

Share

 

पणजी : देश के अलग-अलग इलाका से लगातार इंसान पs कुकुरन के हमला के खबर सामने आ रहल बा। बहुत मामिला में पीड़ित लोग के जान तक गंवा चुकल बा। अइसने घटना के देखत गोवा के मुख्यमंत्री प्रमोद सावंत बियफे के दिने कहलन कि उनुकर सरकार इंसान पs हमला करे वाला कुछ नस्ल के कुकुरन पs रोक लगा दी। सीएम कहले कि लोग के घर में कुकुर बा, लेकिन टीका ना लगावेले। बता दीं कि 2 महीना पहिले उत्तर गोवा के तालेगाओ में एगो घटना भईल रहे, जवना में एगो कुत्ता गेट से कूद के एगो बच्चा पs हमला कs देलस।

‘हमनी के कुछ नस्ल पs रोक लगावल चाहत बानी जा’

पणजी में ‘रेबीज मुक्त गोवा स्टैटिक प्वाइंट वैक्सिनेशन कैंपेन” के उद्घाटन के बाद सीएम सावंत कहले कि, ‘कुकुर के हमला में घाही भईल बच्चा के 4-5 दिन तक गोवा मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल। टीकाकरण के गोहार बा। कुछ नस्ल के हमनी के रोकल चाहत बानी जा। हमनी के अपना देश में अयीसन नस्ल नईखी चाहत, जवन कि सीधा-सीधा इंसान पs हमला करे।’ मुख्यमंत्री कहले कि कुकुरन से गाड़ी के दुर्घटना भी होखेला, एहसे ओकर आबादी के काबू में ले आवे के चाही। सीएम कहले कि सरकार के इरादा रेबीज के खतम करे के बा।

 ‘आपन कुकुरन के टीकाकरण जरूर करीं’.

सीएम कहले कि लोग के सहभागिता से ही गोवा के रेबीज मुक्त बनावल जा सकता। उ कहले कि, ‘स्टैटिक प्वाइंट टीकाकरण अभियान के उद्देश्य राज्य के हर कुत्ता के टीकाकरण कईल बा, जवना में लोग के मिशन रेबीज के हितधारक के संगे सहयोग करे के होई, जवन कि घर-घर जाके जाई।’ लोग के अपना कुकुरन के टीकाकरण करावे खातिर.आ कहल बा कि बाहर के राज्यन से कुकुरन के ले आवत घरी ओह लोग के टीकाकरण करा के सावधान रहीं। सीएम कहले कि हमनी के देश के पहिला रेबीज मुक्त राज्य बन गईल बानी जा, लेकिन हमनी के काम अभी तक खत्म नईखे भईल।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-