Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आज से बदल गइल इ नियम! जरूर दिहीं ध्यान, ना तऽ उठाइब नुकसान

1,286
Google Ads 300*250 for posts

मोबाइल यूजर्स खातिर आज से ऑनलाइन कामकाज के कई  गो नियम बदल रहल बा। एकर सीधा असर Google, Aadhaar यूजर्स पs पड़े वाला बा। साथ ही टेलिकॉम यूजर्स जइसे Airtel, Jio, Vi आ BSNL यूजर्स पs नया बदलाव के असर देखल जाई। आइ जानल जाव एकरा बारे में विस्तार से…

हर महीना के 1 तारीख के बहुत बदलाव आवेला। एही तरे 1 सितंबर 2024 से बहुत नया बदलाव आ रहल बा। एकरा में गूगल, आधार कार्ड अवुरी ट्राई के नियम शामिल बा, जवना के सीधा असर एयरटेल, जियो, वोडाफोन-आइडिया आ बीएसएनएल के मोबाइल मे साथे ऑनलाइन भुगतान करेवाला लोग पs पड़ी। आज से जवन नियम बदल रहल बा ओमें गूगल आ ट्राई के नियम शामिल बा। संगही, यूआईडीएआई के मुफ्त सेवा 14 सितंबर से बंद हो रहल बा।

एक सितंबर से ई फर्जी ऐप हटा दिहल जाई

गूगल के नया प्ले स्टोर नीति 1 सितंबर 2024 से लागू होखे वाला बा। गूगल के मुताबिक, आज से गूगल प्ले स्टोर से अइसन हजारों फर्जी ऐप हटावल जाता। जवन ऐप हटावल जाई ओमें कम क्वालिटी के ऐप शामिल बा। इ ऐप मैलवेयर के स्रोत हो सकऽता। गूगल क्वालिटी कंट्रोल के ओर से एगो नाया नियम लागू कइल गइल बा। अइसना में दुनिया भर में एंड्रॉयड स्मार्टफोन यूजर के बहुत राहत मिले वाला बा। गूगल के गोपनीयता खातिर इ बहुत बढ़िया साबित हो सकऽता।

14 सितंबर ले मुफ्त आधार अपडेट

यूआईडीएआई मुफ्त आधार कार्ड अपडेट के समय सीमा 14 सितंबर 2024 तक बढ़ा देले बा। अइसना में मोबाइल यूजर अपना 10 साल पुरान आधार कार्ड के घर में बइठ के ऑनलाइन अपडेट कऽ सकेले। मुफ्त आधार कार्ड अपडेट के सुविधा माई आधार पोर्टल से मिल जाई। मोबाइल यूजर आधार केंद्र में जाके आधार कार्ड अपडेट कऽ सकऽतारे, जवना खातिर 50 रुपया के शुल्क लिहल जाला।

एक सितंबर से ओटीपी आ मैसेज मिले में देरी हो सकता

ट्राई के नयका नियम के मुताबिक एक सितंबर से फर्जी कॉल आ मैसेज से छुटकारा मिल सकऽता। हालांकि एकरा से आपके बैंकिंग मैसेज अवुरी ओटीटी पs असर पड़ सकऽता। मतलब कि एह संदेश के मिले में देरी हो सकेला जवना से ऑनलाइन भुगतान आ बैंकिंग लेनदेन पर असर पड़ सकेला। ट्राई एयरटेल, वोडाफोन-आइडिया, जियो अउरी बीएसएनएल के निर्देश देले बा कि उऽ एक सितंबर से बिना पंजीकृत मैसेज अउरी कॉल के ब्लॉक करस। एकरा से ऑनलाइन भुगतान, ऑनलाइन खरीदारी अउरी ऑनलाइन डिलीवरी में समस्या हो सकऽता।

947090cookie-checkआज से बदल गइल इ नियम! जरूर दिहीं ध्यान, ना तऽ उठाइब नुकसान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.