Google Pixel 9: नया फोन में आवे लागल दिक्कत, काम नइखे करत चार्जिंग…

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 31, 2024

गूगल हाल ही में अपना Google Pixel 9 सीरीज लॉन्च कइले बा। एह सीरीज के तहत Pixel 9, Pixel 9 Pro, Pixel 9 Pro XL आ Pixel 9 Pro Fold फोन लॉन्च कइल गइल बा।

Share

google pixel 9

गूगल हाल ही में अपना Google Pixel 9 सीरीज लॉन्च कइले बा। एह सीरीज के तहत Pixel 9, Pixel 9 Pro, Pixel 9 Pro XL आ Pixel 9 Pro Fold फोन लॉन्च कइल गइल बा। अबही गूगल पिक्सल 9 सीरीज के एको महीना पूरा नइखे भइल बाकिर फोन में दिक्कत आवे लागल बा। कई गो यूजर्स Google Pixel 9 सीरीज में वायरलेस चार्जिंग के शिकायत कइले बाड़े।

यूजर के शिकायत बा कि Google pixel 9 सीरीज के फोन में वायरलेस चार्जिंग के समस्या खाली थर्ड पार्टी चार्जर में नइखे, बलुक गूगल के चार्जर पिक्सेल स्टैंडो में बा। Pixel 9 pro एक्सएल यूजर के कहनाम बा कि इ फोन कवनो वायरलेस चार्जर से चार्ज नइखे करत।

रिपोर्ट में कहल जाता कि इ समस्या हर प्रकार के वायरलेस चार्जर के संगे होखता, जवना में एप्पल के मैगसेफ भी शामिल बा। अइसना में कहल जाता कि समस्या चार्जर में ना बालुक फोन में बा।

गूगल अबही तक एह मामला पs आधिकारिक तौर पs कुछूओ नइखे बतवले, बाकिर रेडिट यूजर के कहनाम बा कि गूगल सपोर्ट कहले बा कि उनका एह समस्या के जानकारी बा आ कंपनी एकरा के ठीक करे पs काम करतिया। अइसना में गूगल जल्दिए सॉफ्टवेयर अपडेट जारी कऽ सकऽता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.