वैष्णो देवी के तर्ज पs बनल बा दिल्ली-एनसीआर के इ पांच गुफा मंदिर! नवरात्रि में जरूर करीं दर्शन

Share

 

शारदीय नवरात्रि 2023 : पूरा देश में नवरात्रि के बहुत उत्साह बा। अइसना में माता रानी के दर्शन करावे खातिर मंदिर में जाके लोग पसंद करेला। तs आज हम दिल्ली के अइसन 5 गो गुफा मंदिर के बारे में बताइब जवन वैष्णो देवी के तर्ज पs बनल बा। नवरात्रि के समय एह मंदिरन में भक्त लोग के बहुत आकर्षण आवेला।

*प्रीत विहार इलाका के गुफा मंदिर के दिल्ली के सबसे पुरान मंदिरन में गिनल जाला। ई मंदिर माता वैष्णो देवी के समर्पित बा।एह मंदिर के गुफा बहुत लमहर बा, जवना से वैष्णो देवी जइसन मंदिर होखे के एहसास होला। एकरा में एगो अउरी छोट गुफा बा जवन आकर्षण के मुख्य केंद्र बनल बा। इहाँ देवी कात्यायनी, चिंतपूर्णी आ ज्वाला देवी के मूर्ति स्थापित बा। नवरात्रि के समय एह मंदिर में बहुत श्रद्धालु लोग आवेला।

*गाजियाबाद के गोल मार्केट में स्थित गुफा मंदिर में नवरात्रि के दौरान श्रद्धालु लोग के भीड़ लागेला। 65 साल पुरान ई मंदिर वैष्णो देवी मंदिर के तर्ज पs बनल बा। एह मंदिर में तीन गो गुफा बा, पहिला गुफा में माता वैष्णो देवी मौजूद बाड़ी। दूसरा गुफा में बाबा बरसानी आ तीसरा गुफा में भगवान शिव बईठल बाड़े।

*दक्षिण दिल्ली के पंत नगर में स्थित माता के मंदिर ‘गुफा मंदिर’ के नाम से प्रसिद्ध बा।गुफा के भीतर माँ वैष्णो जी के मूर्ति स्थापित बा।गुफा में पानी के धारा बहत रहेला।एह मंदिर के गुफा से खुलल बा 6 बजे सबेरे से एकरा के दुपहरिया में 12:30 बजे तक आ शाम के 4 बजे से रात के 9 बजे तक खुलेला।

*शालीमार बाग में एगो गुफा माता मंदिर भी बा। एह मंदिर के गुफा में झरना भी बहत रहेला जवना से इ वैष्णो देवी के मंदिर निहन लागेला। एह मंदिर के इच्छापुरती मंदिर भी कहल जाला। दूर-दूर से लोग एह मंदिर के घूमे आवेला।

*नीलम माता मंदिर मयूर विहार फेज-1 में स्थित बा, एह मंदिर के गुफा में माता दुर्गा के भव्य मूर्ति स्थापित बा। एह मंदिर के गुफा साल में एक बेर नवरात्रि में भक्तन के दर्शन खातिर खोलल जाला। इहाँ गुफा में घुटना तक पानी मिली।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-