कम पइसा में घूमे खातिर भारत के इ ४ जगह बा सबसे सस्ता, देखे के मिलेला शानदार नजारा

Share

 

यात्रा के शौकीन लोग के महीना में कम से कम एक बेर यात्रा करे के पड़ेला। हालांकि, भले रउरा यात्रा के शउक ना होखे, लेकिन एक-दु महीना में एक बेर यात्रा पs जाए के चाही। अगर रउवा भारत के यात्रा के योजना बनावत बानी आ कवनो अइसन गंतव्य के तलाश में बानी जहाँ रउवा सस्ता में भारत के यात्रा कs सकीले तs इहाँ भारत के सबसे सस्ता जगह बा।

घूमे के सबसे सस्ता जगह

वाराणसी

वाराणसी शहर में कई गो मंदिरन के मौजूदगी के कारण एह जगह के मंदिरन के शहर कहल जाला। सस्ता खाना, आवास आ सबसे शांतिपूर्ण वातावरण के कारण ई जगह पर्यटकन के सबसे ज्यादा आकर्षित करेले। नवही लोग भी एह जगह के देखे आवेला।

दार्जिलिंग

दार्जिलिंग जन्नत से कम नइखे। एह जगह पs पहाड़ आ हरियाली देखे के मिली। माउंट कंचनजंगा के शानदार नजारा देखे से लेके, गरम स्थानीय चीनी खाना खाइल तक, दार्जिलिंग सबसे बढ़िया जगहन में से एगो ह। इहाँ रहे के कई गो विकल्प आसानी से मिल जाई।

उदयपुर

उदयपुर भी बजट में घूमे खातिर एगो बढ़िया जगह बा। इहाँ के रोमांटिक पिछोला झील में नाव के सवारी के आनंद लीं। इहाँ रउआ विंटेज कार म्यूजियम भी देख सकेनी। पिछोला झील, सिटी पैलेस, फतेहपुर सागर, विंटेज कार म्यूजियम, एकलिंगजी मंदिर इहाँ के कुछ मुख्य आकर्षण बा।

मैक्लोडगंज

मैक्लोडगंज हिमाचल के सबसे सुंदर हिल स्टेशन में से एगो ह। मैक्लोडगंज से रउआ फेमस त्रिउंड ट्रैक पs जा सकेनी। नड्डी व्यू पॉइंट, डल झील, चर्च और बौद्ध मंदिर मार्केट अइसन जगह बा जहाँ रउआँ कुछ दिन रुक सकेनी।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-