Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह 10 खूबसूरत फूलन वालन पौधन से सुंदर बगीचा पाईं

3,472

खबर भोजपुरी के प्रयटन सीरीज में आज बात होई अलग- अलग जगह के खास 10 फूलन के बारे में जवना के लगा के अपना घर के बगइचा के सुनर बनावल जा सकेला…

फूल हमनी सबके अच्छा लागेला काहेकि ई हमनी के घर आ आसपास के वातावरण के शोभा बढ़ावेला। संगही ई हमनी के घर के आसपास के वायु के शुद्धो करेला। कइयन पौधा तs अइसन होला जेमे औषधीय गुण पावल जाला। इहे वजह बा कि एकर उपयोगिता बढ़ जाला। अइसे तs हमनी के देस में फूलन के अनगिनत वराइयटी बा बाकिर आज हम रउआ के देस के 10 अइसे खूबसूरत फूलन के बारे में बताई, जवन रउआ बगीचा के सुंदर बनाई।

1. ब्लीडिंग हार्ट (Bleeding Heart)

एह फूल के देखके रउआ समझ जाएम कि एकर नाम ब्लीडिंग हार्ट काहे रखल गइल बा। दिल के आकार के ई पवधा देखे में बहुते सुंदर होला। गुलाबी-उजर फूलन से भरल ब्लीडिंग हार्ट के पवधा एगो बहुते खूबसूरत फूल हs जवन हर केहू के धेयान आकर्षित कs सकत बा। नम वसंत में खिले वाला ई फूल ठंडा जलवायु में अच्छा तरे से बढ़ेला। ब्लीडिंग हार्ट के कइयन सारा प्रजाती पावल जाला। ई गुलाबी, लाल, पियर आ सफेद रंग में उपलब्ध बा।

2. पलाश (Palash)

पलाश के फूल बहुते खूबसूरत होला जवना के वजह से एकरा के हर केहू अपना घर के बगइचा में लगावल चाहेला। एगो जमाना में पलाश के फूलन के उपयोग होली के रंग बनावे में प्रयोग कइल जात रहे। लाल रंग के ई खूबसूरत फूल के लोग पानी में भिजा के रख देला आ उबालके एसे रंग बनावत रहे। मथुरा, वंदावन आ शांति निकेतन जइसन कुछ जगहन पs आजो पलाश के फूलन से होली खेलल जाला। पलाश के फूल में कइयन तरे के औषधीय गुण होला जवना के वजह से एकरा फूल, बीज आ जड़न से औषधी बनावल जाला।

3. चेरी ब्लॉसम (Cherry Blossom)

एगो बहुते सुंदर फूल बा जवन अपना आसपास के घरन के सुंदर बनावे के काम करेला। जापानी चेरी के पेड़ पs उगे वाला ई फूल जापान में बहुते जादा लोकप्रिय बा। ई ओइसे तs वसंत के मौसम में खिलेला बाकिर एकरा पवधा के खूबसूरती पूरा साल रउआ बगइचा के हरल भरल रखेला। ई सुंदर गुलाबी आ सफेद फूलन के रउआ मार्च के अंत भा अप्रिल के सुरुआत में देख सकत बानी। चेरी ब्लॉसम खिलला के बाद 14 दिनन तक रहेला। चेरी ब्लॉसम एगो नया सुरुआत आ जिनगी के सुंदरता के प्रतिनिधित्व करे वाला फूल हs।

4. डाहलिया (Dahlia)

डाहलिया एगो अइसन फूल बा जवन राउर भा आसपास के नर्सरी में आसानी से मिल जाला। ई एगो बहुते खूबसूरत आ विशेष फूल हs। एह फूल के एगो दु ना बलूख 42 से जादे प्रजाती पावल जाला। ई खूबसूरत फूल अलग-अलग रंग आ आकर में मिल जाला। ई हमनी इहाँ पs बुलू रंग के छोड़ हर रंग में उपलब्ध बा। एह फूल के माँग आ उपयोगिता एतना जादे बा कि एकर खेती कइल जाला। ई फूल जादेतर सर्दियन में खिलेला आ राउर बगइचा खूबसूरती के बढ़ावे में सहायक होला।

5. ट्यूलिप (Tulip)

ट्यूलिप एगो बहुते खूबसूरत फूल हs जवना के 150 से कहीं जादे प्रजाती मवजूद बा। ई अलग-अलग रंगन में मवजूद बा आ वसंत के मौसम में खिलेला। फूलन से प्यार करेला तs इंदिरा गाँधी ट्यूलिप गार्डन के बारे में रउआ जरूर सुनले होखेम। श्रीनगर में इस्थित ई भारत के सबसे बड़ ट्यूलिप के बगीचा बा। एह जगह पs हर साल लाखन ट्यूलिप खिलेला आ एकरा आसपास के नजारा कवनो स्वर्ग अस जान पड़ेला। ई एतना सुंदर होला कि केहूओ के धेयान अपना तरफ खींच सकत बा।

6. वॉटर लिली (Water Lily)

वॉटर लिली के दुनिया के जलीय फूलन के रानी कहल जाला।  ई फूल सुंदर आ दिखे में बहुते आकर्षक होला आ एकर सत्तर से कहीं जादे प्रजाती मवजूद बाड़ी सs। तालाबन के पानी में खिले वाला ई फूल गुलाबी, उजर, पियर, नारंगी, बैंगनी आ बुलू रंगन में पावल जाला आ पानी के तापमान के संतुलित करे में सहायक होला। पानी के सतह पs तइरत एकर पत्ती बहुते बड़ आ चवड़ा होला जवन पानी के ठंडा रखेला। वॉटर लिली के खिले के मौसम वसंत से सुरू होला आ शरद ऋतु तक जाला। पानी के सतह से पत्तन जइसन निकलत वॉटर लिली के फूल हर सबेरे खुलेला आ सांझ के बंद हो जाला।

7. कमल (Lotus)

ई हमनी के देस के राष्ट्रीय फूल हs आ सुंदरता के संगे-संगे आपन मनमोहक सुगंध खातिर जानल जाला। ई समान्यतौर पs झीलन आ तालाबन में खिलेला आ एतना खूबसूरत होला कि रउआ चाहियो के एकरा आकर्षण से नइखी बांच सकत बा। हमनी के इहाँ एकरा के पवित्रता के प्रतीक मानल जाला। जवना वजह से लोग एकरा के मंदिरन में अर्पित करेला। खिले खातिर एकरा के सूरज के रोशनी के भरपूर जरूरत होला, ठंडा जलवायु में तो ई जीवितो नइखे रह सकत। गुलाबी आ उजर रंग में पावल जाये वाला ई फूल पानी के सतह पs तैरता रहेला।

8. आइरिस (Iris)

आइरिस एगो बहुते खूबसूरत फूल हs जवन दूरे से रउआ अपना तरफ आकर्षित कs ली। ई देखे में एतना खूबसूरत होला कि हर केहू एकरा पसंद करेला आ आपन घर में लगावल चाहेला। बुलू, बैंगनी, पियर आ उजर रंगन में मवजूद ई फूल रउआ बगइचा के  हरभरा रखे के संगे संगे राउर मन के हराभरा रखेला। ई हमनी के देस भारते ना बलूक एशिया आ यूरोप के कइयन क्षेत्रन में देखे के मिलेला।

9. बर्ड ऑफ पैराडाइज (Bird of Paradise)

बर्ड ऑफ पैराडाइज के हमनी लोग क्रेव फ्लावर के नाम से जानेनी सब। ई दक्षिण अफ्रीका मूल के एगो अइसन फूल बा जवन उड़त पक्षी के तरे दिखाई देला आ बहुते सुंदर होला। जवना के खूबसूरती के तुलना स्वर्ग से कइल गइल बा। एहिसे एकर नाम बर्ड ऑफ पैराडाइज रखल गइल बा। मई से सितंबर तक खिले वाला एह फूल के अच्छा खासा रोशनी के जरूरत पड़ेला। एह बागवानी में लगावे से राउर बागीचा के शोभा बढ़ी।

10. गुलाब (Rose)

गुलाब दुनिया के सबसे खूबसूरत फूल कहल जाव तs अतिशयोक्ति ना होई। ई हमनी के देस भारत में प्यार, सम्मान, विश्वास, सुंदरता आ जुनून के प्रतीक हs। गुलाब के फूल सभे के पसन आवेला बाकिर प्रेमियन के बीच बहुते लोकप्रिय बा। दुनिया में गुलाब के 200 से कहीं जादे प्रजाती मवजूद बा। सबसे विशेष आ विशिष्ट बात ई बा कि गुलाब के हर प्रजाति के आपन अलग सौंदर्य होला। गुलाब के हर रंग अच्छा लागेला, ई लाल, पियर, गुलाबी, उजर आ नारंगी जइसन अलग-अलग रंगन में उपलब्ध बा।

नोट: ई लेख जानल मानल ट्रैवल ब्लॉगर संजय शेफर्ड जी के लिखल हs। 

 

संजय शेफर्ड जी के परिचय:

भारत के जानल-मानल ट्रेवल ब्लॉगर संजय शेफर्ड जुनूनी, जुझारू, आ जिंदादिल ट्रैवलर के रूप में प्रसिद्ध बानीं। संजय दुनिया के ओह गिनल-चुनल ट्रैवल ब्लॉगर के सूची में सामिल कइल जाला, जे कठिनतम परिस्थितियन में काम करत, अपना पैशन के जियेला। संजय ट्रैवल लेखक, ब्लॉगर के संगही एगो संवेदनशील कवियो बानी।

651300cookie-checkएह 10 खूबसूरत फूलन वालन पौधन से सुंदर बगीचा पाईं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.