ससुरा में ना रहे AC, नाराज होके नइहर चल गइली पत्नी; तऽ पति उठवलस खौफनाक कदम

Share

ससुरा में घर पs एसी ना होखे पs पत्नी नाराज होके नइहर चल गइल।  एह बात से निराश होकर पति आत्महत्या कऽ लेलस। मामला बॉर्डर थाना के गुलाब वाटिका कॉलोनी के हऽ। पत्नी पति से कहली कि पहिले घरे एसी लगवाव तब ससुरा आइब। जवना के लेके पति-पत्नी में विवाद रहत रहे।

बॉर्डर थाना के गुलाब वाटिका कॉलोनी में ससुराल में एसी ना लागे पs पत्नी अपना नइहर चल गइल। एह विवाद में एगो युवक फंदा लगाके आत्महत्या कऽ लेलस। पुलिस लास के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस।

सोनू (28) पुत्र राम अवतार अपना परिवार के साथे लोनी बॉर्डर थाना के गुलाब वाटिका कॉलोनी में रहत रहले। परिवार में पत्नी ममता, मां तारा आ पिता राम अवतार बाड़े। सोनू प्रथम मंजिल पर रहत रहे। परिवार वाला लोग बतवलस कि करीब चार वर्ष पूर्व सोनू के शादी ममता से भइल रहे।

पहले एसी लगवाव तब ससुरा आइब

गृहक्लेश के चलते उनकर पत्नी अपना नइहर रहली। वह अपना पत्नी को रोज लिआवे की बात करत रहले, लेकिन पत्नी के कहनाम रहे कि गर्मी बहुत बा। पहिले एसी लगवाव तब ससुरा आइब। जवना के लेके पति-पत्नी में विवाद रहत रहे। पति मंगर के रात के ऊपरी मंजिल पs सुतल रहे।

दुपट्टा के सहारे फंदा पऽ लटकल मिलल शव

भोरे जब देर ले ना उठले तऽ ऊपर जाकर देखल गइल। लास दुपट्टा के सहारे फंदा पs लटकल मिलल। परिवार मामला के सूचना पुलिस के देलस। सहायक पुलिस आयुक्त अंकुर विहार भास्कर वर्मा बतवले मामला गृहक्लेश के बतावल जा रहल बा। लास पोस्टमार्टम खातिर भेज पुलिस मामला ले जांच कर रहल बिया।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-