[the_ad_group id="30365"]

राजकोट टीआरपी गेम जोन अग्निकांड मामिला में बड़ कार्रवाई, चार गो सरकारी अधिकारी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गुजरात के राजकोट पुलिस बियफ़ें के टीआरपी गेम जोन में 25 मई के भईल भारी आग के मामला में एगो टाउन प्लानिंग ऑफिसर (टीपीओ) समेत चार सरकारी अधिकारी के गिरफ्तार कs लेलस। आगलागी दुर्घटना में 27 लोग के मउत हो गईल। एगो अधिकारी बतवले कि एs मामला में अबे ले टीपीओ के एमडी सगठिया, सहायक टीपीओ मुकेश मकवाना अवुरी गौतम जोशी अवुरी कलावड रोड फायर स्टेशन के स्टेशन अधिकारी रहल रोहित विगोरा के गिरफ्तारी के संगे 9 लोग के गिरफ्तार कईल गईल बा।

राज्य के पुलिस महानिदेशक विकास सहाय चार सरकारी अधिकारी के गिरफ्तारी के पुष्टि कईले। एगो आधिकारिक विज्ञप्ति के मुताबिक एs घटना के सिलसिला में 9 अधिकारी के निलंबित कs दिहल गईल बा। एह अधिकारियन पs आरोप लगावल गइल बा कि “बिना जरूरी मंजूरी के गेम जोन के चले देबे में घोर लापरवाही” कइले बा. एहमें जोशी, विगोरा, राजकोट के मुख्य अग्निशमन अधिकारी आई वी खेर, उप मुख्य अग्निशमन अधिकारी बी जे थेबा, जयदीप चौधरी, सहायक अभियंता, नगर नियोजन विभाग, राजकोट नगर निगम, एम आर सुमा आ पारस कोठिया, उप कार्यकारी अभियंता, सड़क आ भवन विभाग आ पुलिस शामिल बाड़े निरीक्षक वीआर पटेल आ एनआई राठोड के शामिल कइल गइल बा.

एसआईटी पूर्व फायर चीफ खेर से पूछताछ कईलस

सूत्र बतवले कि, गुजरात सरकार के ओर से एs घटना के जांच खातीर बनावल विशेष जांच टीम (एसआईटी) के नेतृत्व करेवाला आईपीएस के वरिष्ठ अधिकारी सुभाष त्रिवेदी गांधीनगर के राज्य पुलिस मुख्यालय में पूर्व फायर चीफ खेर से करीब तीन घंटा ले पूछताछ कईले। खेर पहिले खुलासा कईले रहले कि ‘गेम जोन’ के संचालन बिना फायर नो ऑब्जेक्शन सर्टिफिकेट (एनओसी) के होखता, काहेंकी प्रबंधन एकरा खातीर कबहूँ आवेदन ना कईले रहे।

9 लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा

बता दीं कि आग लगला के चलते दुर्घटना में 27 लोग के मौत हो चुकल रहे। मारल गइल में अधिकतर लइका रहले.  एह मामिला में अबले नाहियो तs नौ लोग के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. एसआईटी एs मामला के जांच करतिया।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]