Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भइल दु घंटा तक भयंकर हंगामा, गोरखपुर विश्वविद्यालय के गेट खोले खातिर छात्र नेता तूड़ले ताला

336
Google Ads 300*250 for posts

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के उत्तरी गेट खुलला के लेके हंगामा मच गईल। छात्र नेता लोग हंगामा के बीच गेट के साइड में बनल छोट गेट से भी आवाजाही रोक देले। ए दौरान दु घंटा तक ऊहापोह के स्थिति बनल रहे। गोवि प्रशासन ए मामला के लेके शिकायत देले बा।

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के नॉर्थ गेट पे शनिचर के दिने विश्वविद्यालयन के कुछ छात्र नेता गेट खोलला के चलते हंगामा मचवले | दु घंटा तक चलल हंगामा के दौरान उ लोग उत्तरी गेट के साइड के छोट गेट से भी आवाजाही रोक देले। एकरा बाद भी जब प्रशासन गेट खोले से मना क देलस त छात्र नेता लोग गेट के ताला तोड़ के बाहर निकल गईले। विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से मुख्य नियंत्रक एकरा के लेके कैंट थाना में छात्र नेता के खिलाफ शिकायत देले बाड़े।

 

इहे ह पूरा मामला

सबेरे दस बजे के करीब छात्र नेता प्रतीक तिवारी आ सत्यम गोस्वामी अपना साथी सुंदरम त्रिपाठी, सतीश प्रजापति आ मनीष सिंह के संगे बाइक से विश्वविद्यालय परिसर के उत्तर गेट पे पहुंचले आ उहाँ तैनात सुरक्षा गार्ड के खोले खाती जिद करे लगले। सुरक्षाकर्मी के मना कईला पे उ खिसिया के छोट गेट बंद क देले, जवन कि छात्र के आवाजाही खातीर खुलल रहेला। ओह दौरान बहुते लइकी छात्र के ना त छोटका गेट से कैंपस से बाहर निकले के इजाजत रहे ना कैंपस में घुसे के इजाजत रहे।

 

जानकारी मिलला के बाद कैंट पुलिस एंड विश्वविद्यालय के मुख्य नियंत्रक प्रो. गोपाल प्रसाद मौका पे पहुंच के छात्र नेता लोग से विश्वविद्यालय व्यवस्था में दखल मत देवे के कहले। एकरा पे छात्र नेता भड़क गईले आ गेट के ताला तूड़ देले। एकरा बाद तहरीर दिहल गईल। एहमें विश्वविद्यालय प्रशासन कैंट पुलिस के ओह प्रकरण पे कार्रवाई करे के भी याद दिअवले बा जवना में उहे छात्र नेता कुलपति के आवास से विश्वविद्यालय प्रशासनिक भवन तक विभिन्न कॉलेज के बीएससी फेल छात्र के लेके धरना प्रदर्शन कईले रहले।

ओह मामला में भी विश्वविद्यालय शिकायत देले रहे, लेकिन कवनो कार्रवाई ना हो पावल। गोवि के मुख्य नियंत्रक प्रो. गोपाल प्रसाद बतवले कि छात्र नेता विश्वविद्यालय के अनुशासन तूड़ले बाड़े। सिस्टम के परेशान करे के कोशिश कईले बाने। उनुका हरकत से विश्वविद्यालय के छात्र-छात्रा के भी परेशानी हो गईल बा। अयीसना में कैंट थाना में उनकरी खिलाफ कानूनी कार्रवाई खातीर शिकायत दिहल गईल बा। सिस्टम में कवनो तरह के दखल विश्वविद्यालय प्रशासन बर्दाश्त ना करी।

साभार- जागरण

518980cookie-checkभइल दु घंटा तक भयंकर हंगामा, गोरखपुर विश्वविद्यालय के गेट खोले खातिर छात्र नेता तूड़ले ताला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.