[the_ad_group id="30365"]

₹10,000 के किस्त पे मिल रहल 33 KM माइलेज वाला कार, सब केहु खरीद रहल बा ई गाड़ी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Maruti Suzuki WagonR : मारुति वैगनआर अयीसन गाड़ी ह, जवन कि कई साल से भारतीय बाजार में मध्यम वर्गीय परिवार के पसंदीदा कार रहल बा। इ सबसे जादा वैल्यू फॉर मनी कार ह जवन 6 से 8 लाख रुपया के बजट में आवेला। आज के युग के मुताबिक गाड़ी में बहुत महत्वपूर्ण फीचर उपलब्ध बा आ 5 लोग के संगे सामान राखे खातीर बेहतरीन जगह भी उपलब्ध बा। एतने ना, इ कार अपना माइलेज के चलते भी काफी लोकप्रिय ह। फिलहाल लोग एकर सीएनजी मॉडल बहुत पसंद करतारे, जवना के बहुत लागत से खरीदल जा सकता।

मारुति वैगनआर के एक्स शोरूम के दाम 5.54 लाख रुपया से शुरू होके 8.50 लाख रुपया तक पहुंच जाला। कार के पेट्रोल मॉडल में 23 किमी तक अवरू सीएनजी मॉडल में 33 किमी तक माइलेज उपलब्ध बा। वैगनआर के बेस सीएनजी मॉडल के एक्स शोरूम प्राइस करीब 6.44 लाख रुपया बा। ऑन रोड के दाम 7.25 लाख रुपया तक बढ़ जाला। अगर रउरा एकरा के डेढ़ लाख रुपिया के डाउनपेमेंट से फाइनेंस करीं त 7 साल के किस्त करीब आठ से दस हजार रुपिया के होखी।

 

फीचर आ सुरक्षा 

वैगनआर के टॉप मॉडल के इंटीरियर में स्मार्टफोन नेविगेशन के संगे 7 इंच के स्मार्ट प्ले टचस्क्रीन म्यूजिक सिस्टम दिहल गईल बा। चारो पावर विंडो, डुअल टोन कलर थीम जईसन फीचर उपलब्ध बा। एकरा अलावे सुरक्षा खातीर डुअल एयरबैग, इलेक्ट्रॉनिक ब्रेक फोर्स डिस्ट्रीब्यूशन (EBD) के संगे एंटीलॉक ब्रेकिंग सिस्टम (ABS), फ्रंट सीट बेल्ट रिमाइंडर, हाई-स्पीड अलर्ट सिस्टम आ रियर पार्किंग सेंसर जईसन फीचर भी बा। हालांकि सुरक्षा के मामला में ए कार के ग्लोबल एनसीएपी से मात्र 1 स्टार मिलल बा।

 

 2 इंजन ऑप्शन में आवेला

2022 मारुति वैगन आर दु पेट्रोल इंजन के विकल्प में उपलब्ध बा। एकरा में 1.0 लीटर के पेट्रोल इंजन बा, जवन कि मैनुअल, ऑटोमैटिक आ सीएनजी विकल्प में उपलब्ध बा। इ इंजन मैनुअल संस्करण में 5,500 आरपीएम पे 66 बीएचपी अवरू 3,500 आरपीएम प 89 एनएम के टॉर्क देवेला, जबकि सीएनजी मोड 3,400 आरपीएम पे 82.1 एनएम के टॉर्क देवेला। एकरा अलावे एगो अउरी 1.2 लीटर के एडवांस के-सीरीज ड्यूल जेट, डुअल इंजन बा, जवना में आइडल स्टार्ट स्टॉप तकनीक बा, जवन कि 6,000 आरपीएम पे 896 बीएचपी आ 4,400 आरपीएम पे 113 एनएम के टॉर्क पैदा करेला। इ इंजन मैनुअल आ ऑटोमैटिक दुनो विकल्प में उपलब्ध बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]