Kushinagar News: रहे के ठिकाना नाहीं, करोड़न के टर्न ओवर देख चकरा गईल टीम

Minee Upadhyay

 

एक करोड़ से अधिका के कारोबार वाला शारदा ट्रेडर्स के मालिक मस्तराज के लगे रहे के जगह नईखे अवुरी उनुका परिवार के लोग के एकर जानकारी ले नईखे। गोरखपुर से घर पहुंचल जीएसटी एसबीआई टीम। आपन घर के हालत देख के उs स्तब्ध रह गईल। पास के लोग से जानकारी लेला पs पता चलल कि मस्तराज कबाड़ के कारोबार करेवाला सुनील सेठ किहां मजदूर के काम करेले। टीम सुनील आ मस्तराज के खोज में लागल बिया बाकिर अबले दुनु जने के कवनो पता नइखे चलल। अबहीं ले एह फर्म पs जवन लेनदेन भइल बा। ओकर जांच शुरू हो गईल बा।

कुबेरस्थान क्षेत्र के सुनील सेठ जिला के दु जगह लोहा के स्क्रैप के कारोबार चलावेले। शारदा ट्रेडर्स फर्म के एक साल में एक करोड़ से अधिका के कारोबार होला। एकर जाँच करे खातिर जीएसटी एसवीआई गोरखपुर के उपायुक्त सुनील सेठ के नेतृत्व में टीम कुबेरस्थान पहुंचल। जांच में पाता चलल कि स्क्रैप के कारोबार सुनील सेठ के हs अवुरी सिंघापट्टी निवासी उनुका मजदूर मस्तराज के नाम पs इs फर्म बनल बा। एकरा बदला में सुनील सेठ रोज 200 रुपिया दे देले। जब टीम मस्तराज के घरे पहुंचल तs उनुकर परिवार के लोग इs बात बतवले कि ओकरा लगे रहे खातिर कवनो घर नइखे। पड़ोसी बतवले कि मस्तराज स्क्रैप डीलर सुनील सेठ के लगे काम करेले। पूरा बात सुनला के बाद गांव के लोग भी स्तब्ध हो गईले। उपायुक्त सुनील वर्मा बतवले कि फर्म में जवन भी लेनदेन भईल बा ओकरा पs शक बा। एकर जांच जारी बा। सुनील सेठ आ मस्तराज अबहीं ले आगे नइखन आइल। मस्तराज सुनील सेठ के घरे मजदूर के काम करेले। उनुका फर्म चलावे खातीर 200 रुपिया मिलेला। मजदूर के परिवार के लोग के लगे कवनो जानकारी नईखे।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।