विराट रामायण मंदिर के निर्माण काम आज से सुरू: तीन मंजिला होई विश्व के सबसे बड़ मंदिर, 3.76 लाख वर्गफुट में होई निर्माण, 270 फीट ऊंच होई मुख्य शिखर

Anurag Ranjan

बिहार के पूर्वी चंपारण जिला इस्थित केसरिया-चकिया पथ पs कैथवलिया-बहुआरा में विराट रामायण मंदिर के निर्माण 20 जून माने आज से सुरू हो जाई। भगवान जगन्नाथ के रथ यात्रा के अवसर पs ई काम सुरू कइल जा रहल बा। साल 2025 के आखिर तक विराट रामायण मंदिर बनके तइयार हो जाई। मंदिर में विश्व के सबसे बड़े शिवलिंग के स्थापना सावन तक कइल  जाई। मंदिर के कुल 12 शिखरन के साज-सज्जा में आउर दु बरिस लागी।

250 टन वजन के होई शिवलिंग

महावीर मन्दिर न्यास बोर्ड के सचिव आचार्य किशोर कुणाल बतवलें कि विराट रामायण मंदिर तीन मंजिला होई। एंट्री के बाद पहिले पूज्य विघ्नहर्ता भगवान गणेश के दर्शन होई। उहां से बढ़तही करिया ग्रेनाइट के चट्टान से बनल विशाल शिवलिंग के दर्शन होई। महाबलिपुरम में 250 टन वजन के ब्लैक ग्रेनाइट पत्थर के चट्टान के तराशके मुख्य शिवलिंग के संगे सहस्रलिंगम बनावल जा रहल बा। आठवीं शताब्दी के बाद सहस्रलिंगम के निर्माण भारत में नइखे भइल। शिवलिंग के वजन 210 टन, ऊंचाई 33 फीट आ गोलाई 33 फीट होई।

भव्यतम होई विराट रामायण मन्दिर

मन्दिर के क्षेत्रफल 3.67 लाख वर्गफुट होई। सबसे ऊंच शिखर 270 फीट के होई। 198 फीट के एगो शिखर होई। जबकि 180 फीट के चार शिखर रही। 135 फीट के एगो शिखर आ 108 फीट ऊंचाई के 5 शिखर रही। विराट रामायण मंदिर के लंबाई 1080 फीट आ चौड़ाई 540 फीट बा। आचार्य किशोर कुणाल बतवलें कि अयोध्या में बन रहल रामलला मन्दिर के लंबाई 360 फीट आ चौड़ाई 235 फीट बा। जबकि सबसे ऊंच शिखर 135 फीट के बा। विराट रामायण मन्दिर में शैव आ वैष्णव देवी-देवता लोगन के कुल 22 मन्दिर होई। एकरा के जानकी नगर के रूप में विकसित कइल जाई, जहाँ कइयन गो आश्रम, गुरुकुल, धर्मशाला आदि होई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।