[the_ad_group id="30365"]

अमरनाथ के यात्रा करे वालन खातीर आईल खुशखबरी, Hotel के एडवांस बुकिंग करे पs मिल रहल बा 30% के छूट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अमरनाथ यात्रा : अमरनाथ यात्रा 1 जुलाई से शुरू हो रहल बा। सीआरपीएफ के जवानन के तरफ से तइयारी चलत बा जेहसे कि सुरक्षा में कवनो चूक ना हो सके। अब ई संघ 30% छूट देबे के एलान कइले बा।

अमरनाथ यात्रा होटल बुकिंग : अमरनाथ यात्रा करे के सोचे वाला श्रद्धालु लोग खातिर एगो खुशखबरी आईल बा। अगर यात्री पहिले से होटल बुकिंग क लेले त फेर उनुका के छूट दिहल जाई। एकर एलान ऑल जम्मू होटल एंड लॉज एसोसिएशन (एजेएचएलए) कइले बा। एसोसिएशन के ओर से जानकारी दिहल गईल कि जम्मू में रहे वाला अमरनाथ तीर्थयात्री के होटल के अग्रिम बुकिंग पs 30 प्रतिशत छूट के घोषणा कईल गईल बा। एजेएचएलए के अध्यक्ष पवन गुप्ता कहले कि सद्भावना के तौर पs हमनी के फैसला कईले बानी कि अमरनाथ के तीर्थयात्री के 30 प्रतिशत छूट दिहल जाए, जवन कि होटल में कमरा पहिले से बुक करावेले। एह पहल के मकसद अमरनाथ यात्रा पs जाए वाला तीर्थयात्री लोग के सहायता आ मदद दिहल बा।

 1 जुलाई से शुरू होखे वाला यात्रा

पवित्र अमरनाथ गुफा दक्षिणी कश्मीर में समुद्र तल से 3,880 मीटर के ऊंचाई पर हिमालय के बीच में स्थित बा। एक जुलाई से शुरू होखे वाला 62 दिन के एह तीर्थयात्रा के दू गो रूट बा। एगो अनंतनाग जिला के पारम्परिक 48 किलोमीटर लंबा नुनवान-पहलगाम सड़क आ दूसरका गंदरबल जिला के 14 किलोमीटर लंबा छोट बाकिर दुर्गम बालटाल सड़क ह। पहिला बैच के यात्री 30 जून के जम्मू से रवाना होईहे। गुप्ता के उम्मीद बा कि अबकी बेर तीर्थयात्री भारी संख्या में यात्रा खातीर जईहे। उ उम्मीद जतवले बाड़े कि ए छूट से होटल अवुरी परिवहन उद्योग के मदद मिली, जवना के ए समय बहुत जरूरत बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]