BJP आ JDU के बीच बराबरी से बाँटल जाई बोर्ड आ आयोग के अध्यक्ष पद

Sonu Kishor
केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान, सीएम नीतीश कुमार आ डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी। फाइल फोटो

बिहार में सरकारी बोर्ड आ आयोग के पुनर्गठन होखे वाला बा। एकर संख्या 20 तक हो सकेला। एमें युवा आ बिजनेस कमीशन नाम के दू गो नया आयोगो शामिल होखी। बोर्ड-आयोग के अध्यक्ष के पद भाजपा अउरी जदयू के बीच बराबर बांटे जा रहल बा। भाजपा के बोर्ड आ आयोग के हिस्सा के सूची दिहल गइल बा।

बिहार के सरकारी बोर्ड आ आयोग के पुनर्गठन होखे जा रहल बा। एकर संख्या 20 तक हो सकेला। एमें युवा आ व्यापार आयोग नाम के दू गो नया आयोगो शामिल होखे जा रहल बा। भाजपा शासित राज्यन में ई दुनु आयोग पहिलहीं से काम करेला। संजोग से इ दुनो आयोग भाजपा के जाई। बोर्ड-आयोग के अध्यक्ष के पद एनडीए के दुनो घटक दल – भाजपा अउरी जदयू के बीच बराबर बांटे जा रहल बा।

भाजपा के बोर्ड आ आयोग के हिस्सा के सूची दिहल गइल बा। सदस्यन के कुछ पद लोजपा(रा), रालसपा आ आरएलएमओ के दिहल जा सकेला। जदयू के लिस्ट तइयार बा। भाजपा अउरी बाकी दल से अध्यक्ष आ सदस्य के सूची मिलते नामांकन के अधिसूचना जारी कऽ दिहल जाई।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...