[the_ad_group id="30365"]

राहुल गांधी से मिलले बजरंग पूनिया आ विनेश फोगाट, हरियाणा में बढ़ल हलचल

बजरंग पूनिया ae विनेश फोगाट, राहुल गांधी के साथे
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हरियाणा चुनाव 2024 के बिगुल बाजल बा। भाजपा, कांग्रेस,जजपा समेत सभ राजनीतिक दल चुनाव के तैयारी तेज कs देले बाड़े। भाजपा जहां लगातार तीसरा बेर सरकार बनावे के दावा करतिया, उहें कांग्रेस भी जीत के दावा करतिया। एही बीच अब कांग्रेस खेमा से एगो बड़ खबर आईल बा। असल में पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया कांग्रेस सांसद राहुल गांधी से भेंट कइले बाड़न.

का विनेश-बजरंग चुनाव लड़िहें?

असल में हरियाणा विधानसभा चुनाव के लेके कांग्रेस पार्टी में उम्मीदवार के नाम अवुरी टिकट बंटवारा पs चर्चा चलता। हालही में हरियाणा कांग्रेस प्रभारी दीपक बाबरिया से विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया कe बारे में पूछताछ कइल गइल. बाबरिया कहले बाड़न कि विनेश फोगाट भा बजरंग पुनिया के नाम ओह 32 गो उम्मीदवारन में नइखे जवना के नाम तय हो चुकल बा. उs कहले रहले कि जल्दिए एs मामला में स्पष्टता आई।

कांग्रेस सांसद राहुल गांधी से भेंट कइला के बाद पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया भी कांग्रेस पार्टी के महासचिव केसी वेणुगोपाल से भेंट करे आइल बाड़े. बता दीं कि एह से पहिले विनेश फोगाट भी शंभू सीमा पs विरोध करे वाला किसानन से मिले आइल रहली. एह बात के अटकल लगावल जा रहल बा कि हरियाणा विधानसभा चुनाव में कांग्रेस पार्टी विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के उम्मीदवार बना सकेले.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]