ओडिशा के राउरकेला में द फोटोन न्यूज के दस्तक, कार्यालय सुरू करे से पहिले पवित्र रथ यात्रा पs जनता के सेवा में लागल शिविर, मंत्री शारदा नायक कइलें उद्घाटन

Anurag Ranjan
शिविर के उद्घाटन कइला के बाद मवजूद लोगन के संबोधित करत श्रम मंत्री शारदा नायक सहित आउर लोग

राउरकेला/ विश्वजीत डे : मीडिया समूह मां मीडिया वेंचर के तरफ से संचालित बाइलिंगुअल समाचार पत्र द फोटोन न्यूज महाप्रभु जगन्नाथ के रथ यात्रा के सुभ अवसर पs मंगर के ओडिशा के प्रमुख शहर राउरकेला में आपन दस्तक दे देलस। नया कार्यालय के उद्घाटन करे से ठीक पहिले मीडिया समूह के ओर से रथ यात्रा में सामिल भक्तन के सेवा खातिर मेन रोड पs जलपान शिविर के आयोजन कइल गइल। शिविर के उद्घाटन स्थानीय विधायक आ ओडिशा सरकार के श्रम मंत्री शारदा नायक कइलें। अपना संबोधन में ऊ कहलें कि ई पहिला मवका बा, जब कवनो मीडिया समूह आपन औपचारिक कार्यालय खोले से पहिले जनता के सेवा में सड़क पs शिविर लगाके खड़ा भइल। ई पहल समूह के सामाजिक सरोकार के प्रति निष्ठा के परिचय देत बा।

शिविर के उद्घाटन कइला के बाद मवजूद लोगन के संबोधित करत श्रम मंत्री शारदा नायक सहित आउर लोग

ओडिशा खातिर भगवान जगन्नाथ के रथ यात्रा सबसे पवित्र अवसर हs। एह दिन हमनी के सभकर मंगल के कामना करत बानी सs। हमनी के पूरा विश्वास बा कि द फोटोन न्यूज समाचार पत्र आ वेब पोर्टल के माध्यम से जनता के मुद्दन के बात कs  के राज्य में आपन अलग पहचान कायम करी। ऊ कहलें कि लोकतंत्र में न्यायपालिका, विधायिका आ कार्यपालिका के बीच संतुलन कायम रखे में मीडिया के अहम भूमिका होला। एहिसे मीडिया के लोकतंत्र के चउथा स्तंभ कहल जाला। हमनी के उम्मीद बा कि द फोटोन न्यूज लोगन के आशा आकांक्षा आ अपेक्षन पs पूरा तरे से खरा उतरी। मां मीडिया वेंचर के निदेशक मंडल में सामिल जीएम त्रिपाठी कहलें कि हमनी के समूह लाभ खातिर बेवसाय ना करेला। हमनी के जनता के सेवा के आपन  सबसे बड़ लक्ष्य मानेनी सs।

देश के एकता अखंडता आ विकास में हमनी के जन- जन के भागीदारी सुनिश्चित करावल चाहत बानी सs। हमनी के अपना इतिहास पs गरब बा। संस्कृति के हमनी के आपन संपदा मानेनी सs। जनसेवा के हमनी के आपन कर्तव्य समझेनी सs। इहे कारण बा कि आपन कार्यालय खोले से पहिले हमनी के जनता के सेवा में शिविर के आयोजन कइनी सs। महाप्रभु से हमनी अपार आस्था बा। ओडिशा हमेशा से देस के दिशा देवे के काम कइले बा। हमनी के उम्मीद बा कि राज्य हमनी के समाचार समूह के अपना परिवार के हिस्सा मानत अपनाई।

शिविर में भक्त लोगन के सेवा खातिर मवजूद स्थानीय लोग

हजारन के संख्या में भक्त लोगन के भइल सेवा

राउरकेला में लगावल गइल शिविर के दौरान हजारन भक्तन के बीच पेयजल सहित आउर सामग्रियन के वितरण कइल गइल। शिविर में दर्जनन लोग मवजूद रहे।

शिविर के उद्घाटन के अवसर पs शहर के गणमान्य लोग रहल मवजूद

राउरकेला चैंबर ऑफ कॉमर्स के पूर्व अध्यक्ष प्रवीण गर्ग, प्रमोद शर्मा, विकास शुक्ला, अबू सालेह उर्फ पिंटू, विकास अग्रवाल उर्फ भीखू, बीजद अल्पसंख्यक मोर्चा के प्रदेश उपाध्यक्ष जसविंदर सिंह गोल्डी, अल्पसंख्यक सेल के जिलाध्यक्ष मो खालिद अजीज, पूर्व पार्षद अफरोज अहमद, युवा बीजद अध्यक्ष सुशांत राउत उर्फ बुबुली, नगर अध्यक्ष गगन पंडा, लक्ष्मी सिंह, बबुआ भाई, राजू जोशी, पप्पू जायसवाल, इंद्रजीत डे, बंगाली एसोसिएशन के उज्ज्वल राय, रवि पाल, रॉबिन दा, सौरभ, मानवेंद्र राय, उत्तम दा, गुनोमोय गांगुली।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।