Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुनिया के एकलौता देश, जहां नइखे एको मुसलमान ! का रउरा नाम बता सकेनी?

140

एह दुनिया में तीन गो प्रमुख धर्म बाड़ें, जिनहन में ईसाई धर्म के अनुयायी लोग दुनिया के सभसे बड़हन बा। एकरा बाद इस्लाम धर्म के संख्या आवेला। एकर अनुयायी लगभग पूरा दुनिया में फइलल बाड़े। लेकिन का रउवा जानत बानी कि कवन एकमात्र देश ह जहवाँ कवनो मुसलमान ना रहेला। त आईं एकरा बारे में जानल जाव…

एह दुनिया में सैकड़न धर्म आ संप्रदाय बा। आ ओकरा पे विश्वास करे वालन के संख्या लाखो करोड़ आ अरबों में बा। पूरा दुनिया में जवना धर्म के अनुयायी के संख्या सबसे जादा बा उ ईसाई धर्म ह, ओकरा बाद जवन धर्म आवेला उ ह इस्लाम। ध्यान रहे कि इस्लाम के अनुयायी लोग के ‘मुसलमान’ कहल जाला। दुनिया में सबसे जादा मुसलमान लोग के संख्या मध्य पूर्व एशिया में बा। मुस्लिम बहुल देशन में यूएई, सऊदी अरब, ओमान, अफगानिस्तान, ईरान, इराक जइसन बहुते देश बा। वैसे दुनिया के कवनो देश में जाइ हर जगह मुस्लिम समुदाय के लोग मिल जाई। बाकिर हम ओह देश के बात करत बानी जहाँ एको मुसलमान नइखे। अइसन कवनो देश के रउरा जानत बानी? अगर ना त आपन सामान्य ज्ञान बढ़ावे खातिर तइयार हो जाईं।

एह देश में कवनो मुसलमान नइखे

एकमात्र, दुनिया के सबसे छोट देश, सबसे सुंदर देश, बैक-वाटर ट्रांसपोर्ट खातिर मशहूर देश, पोप के देश, यूरोपीय देश- वेटिकन सिटी। इ ऑफिशियली तौर पे दुनिया के सभसे छोट देस हवे। इहाँ एको मुसलमान ना मिली। ई ईसाई बहुल देश हवे आ एकर रष्ट्राध्यक्ष पोप भी बाड़ें आ ई दुनिया भर में फइलल 1.2 बिलियन ईसाई लोग के धर्मगुरु हवे। एह देश में पोप के शासन के चलते इहाँ एको मुसलमान आदमी ना रहेला।

देश के आपन सेना नइखे

400 लोग के आबादी वाला एह देश में आपन कवनो सेना नइखे। ई देस इटली के राजधानी रोम के भीतर स्थित बा। एही से एह देश के सुरक्षा इटली के सेना के स्विस गार्ड करे। कई साल पहिले स्विस मिशनरी लोग के पोप (ईसाई धार्मिक नेता) द्वारा वेटिकन सिटी के रक्षा खातिर मसौदा तैयार कईल गईल रहे| साल 2019 के आँकड़ा के मोताबिक एह देस के आबादी महज 453 बा आ कुछ नागरिक विदेश में , जिनकर संख्या 372 बा।

 

 

 

 

536900cookie-checkदुनिया के एकलौता देश, जहां नइखे एको मुसलमान ! का रउरा नाम बता सकेनी?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.