घरेलू शेयर बाजार में हफ्ता के दूसरे कारोबारी दिन लाल निशान पs कारोबार शुरू भइल। मंगर के शुरुआती सेशन में सेंसेक्स में लगभग 285 अंक के जबकि निफ्टी में 75 अंक के गिरावट दिखल। फिलहाल सेंसेक्स 0.46% के गिरावट के संगे 61,520 अंक पs कारोबार कs रहल बा।
उहवें दूसरे ओर, निफ्टी 0.41% फिसल के 18,345.00 अंक पs ट्रेड कs रहल बा। मंगर के शुरुआती कारोबार में डॉबर अउर एनबीसीसी के शेयर 3% के कमजोरी के संगे कारोबार करत दिख रहल बा। मंगर के सेंसेक्स के सब 30 शेयर में लाल निशान पs कारोबार शुरू भइल।