लापरवाही के हद! ऑपरेशन के दौरान गर्भवती महिला के पेट में छोड़ल देले तौलिया, स्वास्थ्य बिगड़ल… सीएमओ जांच के आदेश देले

Raj Nandani

अलीगढ़ समाचार : पूरा मामला अलीगढ़ के महुआ खेड़ा थाना क्षेत्र के जीटी रोड पs स्थित शिव महिमा निजी अस्पताल से जुड़ल बा। इहाँ एगो महिला के प्रसव ऑपरेशन के दौरान डॉक्टर के टीम महिला के पेट में टॉवल छोड़ के ऑपरेशन के सफल बतावत छुट्टी दे दिहल गइल।

हाइलाइट

  •  अलीगढ़ जिला में एगो महिला के प्रसव के दौरान डॉक्टर के लापरवाही सोझा आइल बा।
  •  ऑपरेशन के बाद डॉक्टर गर्भवती महिला के पेट में तौलिया छोड़ देले, जवना के चलते ओकर हालत खराब होखे लागल।

उत्तर प्रदेश के अलीगढ़ जिला में एगो महिला के प्रसव के दौरान डॉक्टर के लापरवाही सोझा आइल बा। ऑपरेशन के बाद डॉक्टर गर्भवती महिला के पेट में तौलिया छोड़ देले। जब महिला के स्वास्थ्य बिगड़ल तs दोसर अस्पताल में दोसरा ऑपरेशन में तौलिया निकालल गइल। मामला सोझा अइला के बाद सीएमओ जांच के आदेश देले बाड़े।

पूरा मामिला अलीगढ़ के महुआ खेड़ा थाना क्षेत्र के जीटी रोड पs स्थित शिव महिमा निजी अस्पताल से जुड़ल बा। इहाँ एगो महिला के प्रसव ऑपरेशन के दौरान डॉक्टर के टीम महिला के पेट में तौलिया छोड़ के ऑपरेशन के सफल बतावत छुट्टी दे दिहल गइल। परिवार के लोग बतवले कि जब महिला के स्वास्थ्य खराब होखे लागल आ ऑपरेशन स्थल से मवाद आवे लागल तs शिकायत दर्ज करावल गइल। एकरा बाद अस्पताल संचालक से मिलीभगत में उनका के अपना एगो अस्पताल में भेज दिहल गइल, जहां से दवाई देवल गइल, बाकी कवनो फायदा ना भइल। जब महिला के पति आ परिवार उहाँ से इलाज बंद कs के तीसरा निजी अस्पताल ले गइले तs डॉक्टर ओकर जांच कs ऑपरेशन कs के पेट से एगो तौलिया बरामद कइले।

 दोबारा ऑपरेशन के बाद तौलिया निकालल गइल

तौलिया निकाले के पूरा ऑपरेशन मोबाइल कैमरा में कैद हो गइल, ताकि सबूत के खुलासा हो सके। डॉक्टर महिला के पेट से तौलिया निकाले के वीडियो भी सामने आइल बा। ए घटना में महिला के पति आ परिवार के लोग संबंधित थाना आ स्वास्थ्य विभाग में शिकायत दर्ज करवले बाड़े, जवना में अस्पताल संचालक के खिलाफ कार्रवाई आ उनका इलाज में खर्च भइल पईसा के मांग कइले बाड़े। मामला के संज्ञान में अलीगढ़ के सीएमओ जांच के आदेश देके टीम बनवले बाड़े।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया चित्रकार, लेखिका आ भोजपुरी नवहा जेकर तन-मन अपना माई भाखा खातिर समर्पित बा। खबर भोजपुरी के पाठकन खातिर हम एहिजा देस-दुनिया, सिनेमा, राजनीति, स्वास्थ आ भोजपुरिया क्षेत्र के खबर रउआ सभे खातिर लेके आवेनी। रउआ सभे हमरा से rajnandani0021@gmail.com पs संपर्क कs सकेनी।