[the_ad_group id="30365"]

सीवान के पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के शूटर रहल पंकज एनकाउंटर में ढेर 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मथुरा में  बिहार के सीवान के पूर्व सांसद रहल शहाबुद्दीन आ यूपी के माफिया मुख्तार अंसारी के एक लाख के इनामी शार्प शूटर पंकज यादव के बुध के सबेरे यूपी एसटीएफ मुठभेड़ में ढेर कs देलस। मथुरा के सारे थाना इलाका में बुध के सबेरे ई मुठभेड़ भइल। बतावल जा रहल बा कि पंकज यादव के संगे एगो आउर बदमाश रहे। ऊ भागे में सफल रहल।

कुख्यात अपराधी पंकज यादव उर्फ नखड़ू पुत्र राम प्रवेश यादव निवासी ताहिरापुर, रानीपुर, मऊ के ऊपर दु दर्जन से जादे हत्या आ आउर संगीन केस दर्ज रहे। पंकज यादव पs मऊ के चर्चित मन्ना सिंह हत्याकांड के गवाह रामसिंह आ उनका सुरक्षा में चल रहल आरक्षी सतीश कुमार के हत्या के आरोप बा।

पंकज यादव मुख्तार अंसारी, शाहबुद्दीन आ मुन्ना बजरंगी गैंग खातिर शार्प शूटर के काम करत रहे। मथुरा पुलिस अधिकारियन से मिलल जानकारी के अनुसार यूपी एसटीएफ के डिप्टी एसपी धर्मेश शाही के टीम फरह में रोसू गांव के लगे बुध के सबेरे करीब 5:20 बजे मुठभेड़ के दौरान पंकज यादव के ढेर कs देलस।

ओकर एगो आउर साथी भागे में सफल रहल बा। ई हिस्ट्रीशीटर पूर्वांचल के कइयन जिलन में हत्या आ आउर संगीन करीब दु दर्जन से अधिक ममिलन में वांछित चलत रहे। बदमाश के शव के कब्जा में लेके पुलिस जांच सुरू कs देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]