सारण में लीची के पेड़ से लटकल मिलल युवक के शव, पड़ोस के लइकी से करत रहे प्रेम, पुलिस मामला के जांच में जुटल…

अपराध: फोटो

Share

सारण जिला के भेल्दी थाना क्षेत्र के चांदपुरा गांव में एगो किशोर के हत्या कऽ के लाश के पेड़ से लटका दिहल गइल। बतावल जाता कि मरेवाला मकेर थाना क्षेत्र के बाघकोल गांव निवासी त्रिलोकी शर्मा के 17 साल के बेटा सोनू कुमार शर्मा बतावल जाता। स्वतंत्रता दिवस पs उऽ अपना मामा के घरे आइल रहे।

रात के करीब 9 बजे सोनू अपना मामा के घर से लापता हो गइल। देर रात तक घर ना पहुंचला पs परिवार थाना के सूचना देलस, जवना के बाद पुलिस पहुंचल। परिवार के लोग पड़ोसी पs अपहरण के आरोप लगवले रहले। शुक के सबेरे घर के सोझा बगइचा में सोनू के लाश लीची के पेड़ से साड़ी में लटकल देखले। हत्या के जांच खातिर फोरेंसिक टीम बोलावल गइल।

मोहल्ला में रहे वाली एगो लइकी से प्रेम प्रसंग चलत रहे

बता दीं कि स्थानीय लोग के मोताबिक सोनू के मोहल्ला में रहे वाली एगो लइकी के संगे अफेयर रहे। एकरा से पहिलहु कई बेर विवाद भइल रहे। इहाँ तक कि एक-दू बेर झगड़ा हो गइल। एकरा बाद पुलिस आ जनप्रतिनिधि समझौता कऽ दुनु पक्ष के मिल जुल के रहे के कहले। दुनो पक्ष के ओर से कागज पs हस्ताक्षरो भइल रहे।

मरेवाला के परिवार के लोग के शक बा कि युवक के हत्या लइकी के परिवार के लोग कर सकऽ तारे। पुलिस पांच लोग के पूछताछ खातिर हिरासत में लेले बिया। युवक के नाना दादा शत्रुघ्न पाण्डेय ए मामला में प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़े।

भेल्दी थाना क्षेत्र में एक सप्ताह में दूसरका अइसन घटना।

भेल्दी थाना क्षेत्र में पिछला एक सप्ताह में अइसन दूसरा घटना सोझा आइल बा। एक हफ्ता पहिले शुक के भेल्दी थाना क्षेत्र के तरवार पंचायत के तरवार तख्त टोला गांव में एगो युवक के हत्या कऽ के लाश के रस्सी में बान्ह के कुआं में फेंक दिहल गइल। पुलिस 9 अगस्त के दुपहरिया में लाश बरामद कइले रहे।

मढ़ौरा थाना के बर्दहिया रामचक गांव निवासी भरत राउत के बेटा 20 साल के रंजन राउत रहे। उक्त युवक के भेल्दी थाना क्षेत्र के तरवार गांव के एगो लइकी के संगे प्रेम प्रसंग चलत रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-