पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पs बनल रहे आइकॉनिक फिलिम, एकर 7 गो डायलॉग्स मचवले रहे खलबली

Minee Upadhyay
‘द एक्सीडेंटल प्राइम मिनिस्टर’

भारत के प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह अब एह दुनिया में नइखन. 92 साल के उमर में उs दुनिया के अलविदा कs देले।  मनमोहन सिंह प्रभावी राजनीतिक सफर के संगे देश के बहुत आर्थिक सुधार खातीर जानल जात रहले।  मनमोहन सिंह भारत के अर्थव्यवस्था के एगो नया रूप देले रहले।  उनकर कई गो फैसला देश खातिर कारगर साबित भइल.  दू बेर भारत के प्रधानमंत्री चुनल मनमोहन सिंह के जिनिगी पs एगो फिलिम भी बनल बा।  एह फिलिम के नाम बा ‘द एक्सीडेंटल प्राइम मिनिस्टर’.  एहमें अनुपम खेर मनमोहन सिंह के किरदार कइले रहले, जबकि अक्षये खन्ना उनुकर करीबी दोस्त संजय बारू के किरदार कइले रहले.  ई फिलिम संजय बारू के किताब पs आधारित भी रहे। 

फिलिम के लेके विवाद भईल

‘द एक्सीडेंटल प्राइम मिनिस्टर’ 11 जनवरी 2019 के सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे.  एह फिलिम के लेके बहुते बवाल मचल बा.  फिल्म रिलीज होखे से पहिले ही विवाद में आ गईल रहे।  ओह घरी विरोध में रहल कांग्रेस एकरा के रिलीज पs आपत्ति जतवले रहुवे.  कहल जात रहे कि एह फिलिम के माध्यम से उनुकर छवि के कलंकित करे के कोशिश कइल जा रहल बा. दोसरा तरफ इहो कहल गइल कि चुनावी मौसम में आवे वाली ई फिलिम लोग के फैसला पs असर डाल सकेले.  तमाम विवाद के बावजूद ई फिलिम रिलीज भइल आ एकरा कई गो डायलॉग पs बहुते चरचा भइल. हम रउरा सभे खातिर एहमें से सात गो डायलॉग ले के आइल बानी जवना पs बहुते लोग के ध्यान अपना ओर खींचलस.

‘द एक्सीडेंटल प्राइम मिनिस्टर’ के पॉपुलर डायलॉग्स
डायलॉग्स

१-मुझे तो डॉक्टर साहेब भीष्म जैसे लगते हैं। जिनमें कोई बुराई नहीं है। पर फैमिली ड्रामा के विक्टिम हो गए।

२-महाभारत में दो परिवार थे। इंडिया में तो एक ही है।

३-न्यूक्लियर डील की लड़ाई हमारे लिए पानीपत की लड़ाई से भी बड़ी थी।

४-पूरे दिल्ली के दरबार में एक ही तो खबर थी कि डॉक्टर साहेब को कब कुर्सी से हटाएंगे और कब पार्टी राहुल जी का अभिषेक करेगी।

५-मुझे कोई क्रेडिट नहीं चाहिए। मुझे अपने काम से मतलब है। क्योंकि मेरे लिए देश पहले आता है।

६-‘मैं इस्तीफा देना चाहता हूं।’ एक के बाद एक करप्शन स्कैंडल। इस माहौल में राहुल कैसे टेकओवर कर सकता है।

७-100 करोड़ की आबादी वाले देश को कुछ गिने-चुने लोग चलाते हैं। ये देश की कहानी लिखते हैं।


इहो पढ़ीं: 90 साल के भइलें पूर्व प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, पीएम मोदी अउरी राहुल गांधी देहलें बधाई

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।