मशरक: प्राचीन दुमदुमा शिव मन्दिर कमेटी के भइल गठन, आम सहमति से भइल चुनाव

Share

मशरक (सारण): मशरक थाना क्षेत्र के दुमदुमा गांव अवस्थित प्राचीन शिव मंदिर में मंदिर के देखरेख आ विकास आउर अन्य सुविधन के समुचित विकास खातिर शिव मंदिर परिसर में बैठक आयोजित कइल गइल।

बैठक के अध्यक्षता दुरगौली पंचायत के मुखिया प्रतिनिधि सत्येंद्र सिंह आ संचालन सेवानिवृत्त शिक्षक सुरेश सिंह कइलें। बैठक में सर्वसम्मति से दुमदुमा शिव मंदिर कमेटी के गठन कइल गइल। जेकर अध्यक्ष दुरगौली मुखिया प्रतिनिधि सत्येंद्र सिंह के सर्वसम्मत से चुनल गइल। ओहिजा उपाध्यक्ष दुरगौली सरपंच मिथिलेश सिंह, सचिव कामेश्वर राय, उपसचिव शम्भू नाथ सिंह, कोषाध्यक्ष नागेन्द्र तिवारी, संरक्षक अवकाश प्राप्त शिक्षक सुरेश सिंह के बनावल गइल।

ओहिजा मवका पs आसपास के सइयन ग्रामीणन सहित जजौली मुखिया प्रतिनिधि वरुण राय, खजूरी सरपंच सुबोध बाबा मुख्य रूप से उपस्थित रहल लो।

साभार: मशरक न्यूज (बिहार)

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-