[the_ad_group id="30365"]

Ayodhya: राम जन्मभूमि के आसपास के घरन के लेके भइल बड़ फैसला, योगी सरकार कs दिहलस इ ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

अयोध्या राम मंदिर : अयोध्या के अत्याधुनिक शहर बनावे के दिशा में लिहल गईल फैसला के तहत राम जन्मभूमि के आसपास के घर के छत पs कैफेटेरिया के विकास होई। अयोध्या के मंडलायुक्त गौरव दयाल गुरुवार के कहले कि मंदिर स्थल के आसपास के इलाका के ऐतिहासिक महत्व के चिह्नन से सजावल जाई अवुरी जन्मभूमि पथ अवुरी भक्ति पथ प नजदीकी घर के छत पs विशेष कैफेटेरिया के विकास कईल जाई। अयोध्या प्रशासन से जुड़ल अधिकारी के मुताबिक, ‘अयोध्या विकास प्राधिकरण (एडीए) एजेंसियन के संगे अनुबंध के माध्यम से इच्छुक मकान मालिक के घर के सर्वेक्षण करावे अवुरी छत पs कैफेटेरिया बनावे खातीर प्रोत्साहित करी।’

मीडिया से बात करत मंडलायुक्त गौरव दयाल इहो कहले कि, ‘एडीए के पैनल के माध्यम से जरूरी अनुमति अवुरी संबंधित प्रक्रिया के सरल बनावल जाई। अयोध्या आवे वाला श्रद्धालु राम जन्मभूमि के आसपास के घरन के छत पs बनल कैफेटेरिया भा खुला हवा में बनल रेस्टोरेंट के माध्यम से श्री राम मंदिर के लुभावन नजारा देख सकेलें।

उ बतवले कि भगवान राम के भव्य मंदिर के निर्माण के संगे अयोध्या के भी पौराणिक वैभव के मुताबिक सजावल जाता। एकरा संगे अयोध्या में भी तरह-तरह के विकासात्मक गतिविधि चलावल जा रहल बा।

राम मंदिर के बारे में सबसे बड़ी खबर

अयोध्या के राम मंदिर के दर्शन के समय नजदीक आ रहल बा। श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के बयान आईल बा कि अयोध्या में राम मंदिर के लगभग 70 प्रतिशत निर्माण कार्य पूरा हो चुकल बा। मंदिर के निर्माण के काम जनवरी 2024 में पूरा हो जाई। संभवतः अगिला साल जनवरी में ई मंदिर भक्तन खातिर खोलल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]