सेंट्रल डेस्क। तेलंगाना के एगो रासायनिक फैक्टरी में विस्फोट के खबर आ रहल बा। धमाका एतना जबरदस्त रहे कि आसपास के लोग दहशत में आ गइल। पूरा इलाका में धुआ के गुबार देखल गइल। आग के ऊंच-ऊंच लपट फैक्टरी के पूरा तरह से ढक लेलस। हादसा में 10 लोगन के मौत के दावा कइल जा रहल हा। हालांकि, एकरा पुष्टि खातिर आधिकारिक बयान के इंतजार बा।
एह बीच तेलंगाना अग्निशमन अधिकारी हादसा के पुष्टि करत कहलें कि संगारेड्डी के मेडक में सिगाची फार्मा कंपनी, पासमैलाराम फेज 1 के एक रिएक्टर विस्फोट भइल। मवका पs 11 दमकल गाड़ी पहुंच गइल बाड़ी सs हैं। करीब 15-20 लोग घायल भइल बा।
Post Views: 169